(शनिचर, 21 फरवरी के खबर)

    21 फरवरी का दिने चेन्नई में विश्व माईभासा दिवस समारोह के संबोधित करत स्मृति इरानी
    21 फरवरी का दिने चेन्नई में विश्व माईभासा दिवस समारोह के संबोधित करत स्मृति इरानी

  • अतवार के साँझ जदयू नेता नीतीश कुमार चउथा बेर बिहार के मुख्यमंत्री पद के किरिया खइहें. अपने बनावल मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के उखाड़ के नीतीश फेरू कुरसी हथियवले बाड़न. आ अबकि उनका चारा घोटाला आ जंगल राज खातिर जानल जाए वाला लालूओ प्रसाद के समर्थन बा. ढेर दिन बाद कांग्रेसो के बिहार सरकार में कवनो मंत्रालय मिल सकेला. देखे के बा कि रमई राम का करत बाड़न काहे कि उनकर कहना बा कि बनीहें त उपमुख्यमंत्री ना त कुछ ना. नीतीश के किरिया धराई का मौका पर ममता बनर्जी, अखिलेश यादव, आ तरुण गोगोईओ के शामिल रहे के खबर बा.
  • भाजपा नीतीश के चुनौती दिहले बिया कि अगर सचहूँ उनका लगे विधायकन के बहुमत बा त गुप्त मतदान करवा के आपन बहुमत देखा देसु. भाजपा कहले बिया नीतीश एक बेर ना पाँचो बेर माफी मंगीहें तबो जनता माफ नइखे करे वाला. काहे कि उनुका गलती के सजा बिहार के जनता भोगत बिया.
  • सपा मुखिया मुलायम सिंह के पोता का तिलक में पीएम मोदी शामिल भइलन. मुलायम सिंह यादव के बड़ भाई के पोता आ सांसद तेज प्रताप यादव के शादी राजद मुखिया लालू प्रसाद यादव के बेटी राजलक्ष्मी से होखे वाला बा. एह मौका पर मुलायम आ लालू का बीच में बइठल मोदी के सीन में कवनो राजनीति ना देखल जा सके.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर में भाजपा आ पीडीपी के गठबन्हन वाली सरकार बने के एलान अब जल्दिए हो सकेला. दुनू गोल गँवे गँवे अधिकतर मुद्दा पर एगो राय बना चुकल बाड़े बाकिर अबहियों कुछ मुद्दा पर बात साफ कइल बाकी बा जवना पर बातचीत जारी बा. खास क के स‍ंविधान के धारा 370 आ सशस्‍त्र बल विशेष अधिकार अधिनियम पर दुनू गोल के राय जुदा बा. बाकिर एही बीच दुनू गोल राज्यसभा आ विधानपरिषद के चुनाव में सहमति बना के लड़ल बा.
  • भूमि अधिग्रहण अध्यादेश के खिलाफ शुरू अन्दोलन में अन्ना हजारे शामिल हो गइल बाड़न. आन्दोलनकारियन के जुलूस दिल्ली खातिर निकल चुकल बा. एह बीच केन्द्र सरकार आन्दोलनकारियन से ओह लोग के माँग पूछले बिया आ इशारा कइले बिया कि अध्यादेश में कुछ संशोधन कइल जा सकेला. सरकार चाहत बिया कि किसानो के नुकसान ना होखे आ विकास खातिर जमीनो मिल जाव.
  • संसद के बजट सत्र शुरु होखे से पहिले अतवार के साँझ सगरी राजनीतिक गोल के बइठक बोलावल गइल बा जवना में संसद के सुचारू रुप से चलावे पर विचार होखी. एह सत्र में सरकार के आपन अध्‍यादेशो के विधेयक बनवा के पास करावे के बा. सोमार से चले वाला बजट सत्र के पहिलका दौर 20 मार्च ले चली. दुसरका दौर के बइठक 20 अप्रैल से 08 मई ले चली. 26 फरवरी के रेल बजट आ 28 फरवरी के आम बजट पेश कइल जाई.
  • पेट्रोलियम मंत्रालय के दस्‍तावेज चोरावे का मामिला में बड़-बड़ औद्योगिक घरानन के पांच गो अधिकारियन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. एह लोग के तीन दिन ला पुलिस हिरासत में भेज दिहल गइल बा जहाँ एह लोग से पूछताछ क के मामिला के तह ले चहुँपे के कोशिश होखी. कांग्रेसी राज में अइसनका चोरियन पर नजर राखे के कोशिश ना कइल रहे ना त एहनी के अतना मन ना बढ़ल रहीत.
  • जम्‍मू कश्‍मीर के बारामूला जिला के सोपोर का एगो गांव में सुरक्षा बल मुठभेड़ क के लश्‍करे तैयबा के दू गो कमांडरन के मार गिरवलसि. इ दुनू विदेशी नागरिक रहले. एहनी का लगे से दू गो ए-के 47 राइफल आ बहुते असलहा आ गोली बारूद बरामद भइल बा.
  • देश में स्‍वाइन फ्लू से मरे वालन के सिलसिला चालू बा. करीब 13 हजार लोग एह बीमारी का चपेट में आ चुकल बा. बाकिर सरकार के कहना बा कि दवाईयन के कवनो कमी नइखे.
  • तीन दिन के बांग्‍लादेश यात्रा पर गइल पश्चिम बंगाल के मुख्‍यमंत्री ममता बनर्जी ढाका में प्रधानमंत्री शेख हसीना से मुलाकात कइली. भरोसा दिहली कि तीस्ता समस्या के समाधान जल्दिए खोज लिहल जाई. चार साल पहिले ममते का चलते तीस्ता समझौता ना हो पावल रहे.
  • लीबिया के पूर्वी शहर कुब्‍बाह में इस्‍लामिक स्‍टेट के फिदायिन हमला में नाहियो त 45 जने के जान चल गइल बा आ बहुते लोग घवाहिल भइल बा.
  • क्राइस्‍ट चर्च में भइल विश्व कप क्रिकेट मैच में वेस्‍टइंडीज 150 रन से पाकिस्‍तान के हरा दिहलसि. पाकिस्तान के ई लगातार दुसरका हार भइल बा आ वेस्‍टइंडीज के पहिला जीत. अतवार का दिने भारत के मुकाबला दक्खिन अफ्रीका से होखे वाला बा.
  • वित्‍तमंत्री अरूण जेटली बैंक कर्मचारियन से गोहार लगवले बाड़न कि ऊ लोग हड़ताल पर मत जाव. कहलन कि एह हड़ताल से देश के आर्थिक नुकसान होखी. बैंक कर्मचारी 25 तारीख से चार दिन के हड़ताल पर जाए के एलान कइले बाड़न.
  • जौनपुर जिला के बैजारामपुर घाट पर गोमती नदी पर पुल बनावे के काम जल्दिए शुरु होखे वाला बा. ई जानकारी जौनपुर जिलाधिकारी मीडिया के दिहलन.
  • केंद्रीय कृषि मंत्री राधा मोहन सिंह शनिचर का दिने मोतिहारी टीसन के निरीक्षण कइले आ टीसन के विकास ला बीस लाख रुपिया के मदद दिहले, कहलन कि टीसन पर शौचालय आ यात्री सुविधा बढ़वला के जरूरत बा.
  • भोजपुर जिला में अलग-अलग थाना के मुकदमन में शामिल तीन गो आरोपियन के गिरफ्तार क के जेल भेज दिहल गइल बा.
  • सिवान पुलिस डकैती के सात गो आरोपियन के गिरफ्तार कइले बिया. ई सातो लोग छपरा जिला के हवे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d