लखनऊ, 28 फरवरी (वार्ता). अयोध्या में रामजन्मभूमि पर भव्य राम मन्दिर निर्माण आ मस्जिद के लखनऊ के मुस्लिम बाहुल्य इलाका में बनवावे के प्रस्ताव से सुर्खियन में आइल उत्तर प्रदेश शिया सेन्ट्रल वक्फ बोर्ड के अध्यक्ष वसीम रिजवी आॅल इण्डिया मुस्लिम पर्सनल लॉ बोर्ड के अध्यक्ष के सलाह लिख भेजले बाड़न कि मंदिरन के तूड़ के बनावल सगरी मस्जिद हिन्दुवन के वापिस क दीहल जाव.

पर्सनल लॉ बोर्ड के अध्यक्ष के भेजल चिट्ठी में रिजवी कहले बाड़न कि – रउओ मालूम बा कि मुगल बादशाहन आ ओह से पहिले आइल सुल्तान सब देश कॆ लूटलें, एहिजा हुकूमत कइलें, तमाम मन्दिरन के तूड़लें आ कई एक पर मस्जिद बनवा दिहलें.

अपना चिट्ठी में रिजवी लिखले बाड़न कि इस्लाम कवनो गसबी (कब्जाई) जगहा पर जबरन इबादतगाह बनवला के जायज ना माने. राममंदिर अयोध्या समेत नौ गो देवालयन के नाम देत ओकनी के तूड़ के मस्जिद बनाने के बात लिखले बाड़न. लिखले बाड़न कि एहमें केशवदेव मंदिर मथुरा, अटालादेव मंदिर जौनपुर, काशी विश्वनाथ मंदिर वाराणसी, रुद्रामहालया मंदिर बटना गुजरात, भद्राकली मंदिर अहमदाबाद (गुजरात), अदीना मस्जिद पंडुआ बंगाल, विजया मंदिर विदिशा मध्यप्रदेश आ मस्जिद कुवतुल इस्लाम कुतुबमीनार दिल्ली अइसन मस्जिदन में शामिल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: