आजु से संसद के मानसून सत्र शुरु होखे जा रहल बा आ पहिलके दिन राज्यसभा में उपसभापति पद खातिर वोट डलिहें राज्यसभा सांसद. राज्यसभा में सत्तारुढ़ गठबन्हन का लगे कम सांसद बाड़ें बाकिर ओकर फ्लोर मैनेजर बीजू जनता दल, वाईएसआर कांग्रेस, आ तेलंगाना राष्ट्र समिति के सांसदन के वोट हासिल करे में सफल हो जइहें एकर उमीद कइल निराश ना करे के चाहीं.
एह चुनाव में दुनू ओर से बिहारे के सांसद उमीदवार बनावल गइल बाड़ें. विपक्ष चारा घोटाला में जेहल के सजा काटत लालू प्रसाद के राजद सांसद मनोज झा के खड़ा कइले बावे. राजग का ओर से जदयू सांसद हरिवंश के उमीदवार बनावल गइल बा. बिहार विधानसभा चुनाव होखे से पहिले आजु राज्यसभा में दुनू के ताकत आजमाइश होखे बाला बा आ राजद सपना देखत बावे कि ऊ ठनका गिरावे में सफल हो जाई आ विपक्ष के संख्याबल का आधार पर उनुकर उमीदवार मनोज झा जीत सकेलें.
विपक्ष दोसर कवनो उमीदवार का नाम पर सहमत ना हो सकल आ एह बाति के ओकर कमजोरी मानल जा सकेला. अपना मजबूरी में ऊ एगो सजायाफ्ता नेता के कलंक झेलत गोल के सांसद पर दाँव खेलले बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: