लखनऊ 15 दिसम्बर (वार्ता) मॉरीशस के राष्ट्रपति राजकेश्वर पुरयाग जोर दे के कहलन कि भारत के संयुक्त राष्ट्र संघ सुरक्षा परिषद के स्थायी सदस्य बनावे मे अब देर ना होखे के चाहीं.
काल्हु रात एहिजा के ताज होटल में मुख्य न्यायाधीशन के सम्मान मे दीहल रात्रिभोज के अवसर पर मॉरीशस के राष्ट्रपति पुरयाग इ बाति कहलन. इहो कहलन कि उत्तर प्रदेश सरकार आ मुख्यमंत्री से मिलल सम्मान अउर स्वागत बेमिसाल बा. उत्तर प्रदेश आ लखनऊ के संस्कृति के खास पहचान बतवलन राष्ट्रपति. कहलन कि एहिजा अनेके धरम आ संप्रदाय, भाषा आ बोली के लोग मिलजुल के रहेला आ बीस करोड़ आबादी वाला एह राज्य के भविष्य उज्ज्वल बा.
एहिजा के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के चलावल विकास कार्यक्रमन के सराहत मॉरीशस के राष्ट्रपति कहलन कि आवेवाला दिन में एहिजा बढ़िया बदलाव देखे के मिली.