RajkeshwrPurryag
लखनऊ 15 दिसम्बर (वार्ता) मारीशस के राष्ट्रपति राजकेश्वर प्रयाग आज एहिजा विधानसभाध्यक्ष माता प्रसाद पाण्डेय से मुलाकात करत कहलन कि भारत आ मारीशस के संबंध के नींव जेतने पुरान ह ओतनमे मजगरो ह. कहलन कि आजु अगर मॉरीशस दुनिया भर में जानल जाला त ओकर आधार शिक्षा ह.

पुरयाग कहले कि हमनी के पुरनिया अनेके कष्ट झेलले बाकि अपना बचवन के शिक्षा पर हमेशा जोर दिहले. बतवलन कि मॉरीशस में प्राइमरी आ माध्यमिक शिक्षा नि:शुल्क दीहल जाले आ स्कूल आवे जाए खातिर यातायातो निशुल्क होला. जवन गार्जियन अपना लइकन के स्कूल भेजे लायक ना होले ओह लोग के सरकार सहायता देले कि बचवन के स्कूल भेजल जा सके.

राष्ट्रपति राजकेश्वर पुरयाग कहलन कि जब हमनी के पुरनिया भारत से आइल रहले त ओह लोग का लगे दूईए गो चीझु रहुवे, एगो त आपन संस्कृति आ दोसरे श्रीमद्भागवत गीता. एही दुनू के सहारे उ लोग मॉरीशस मे स्थापित हो गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: