नयी दिल्ली, 22 जुलाई (वार्ता). कांग्रेस के नयका अध्यक्ष बनल राहुल गाँधी के बनावल पहिलका कार्यसमिति के भइल बइठका में आजु तय कइल गइल कि अगिला लोकसभा चुनाव 2019 में मोदी के अकेले हरावे के बेंवत कवनो गोल में नइखे रहि गइल आ एकरा खातिर मोदी विरोधी सगरी गोलन के मिला जुला के एगो नया संप्रग-3, संयुक्त प्रगतिशील गठबंधन, बनावल जरुरी बा. बशर्ते ओकर नेता राहुले गाँधी के मान लेव सगरी गोल.

राहुल गांधी के अध्यक्षता में संसदीय सौध में अतवार का दिने भइल एह बइठका में अतवार का दिने करीब दू घंटा ले गंभीर राय-विचार होखे के बात कहल जात बा. एह बइठका में शामिल करीब हर नेता एह बात के मनलें कि 2019 में एगो विशाल गठबन्हन बनावल बहुते जरुरी बा आ एकरा बिना प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के नेतृत्व वाली राजग सरकार के हरावल नामुमकिन होखी.

जइसन कि मालूम चलल बा ई विचार पी चिदंबरम रखलन आ पंजाब के मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिंदर सिंह एकर अनुमोदन कइलन. बतावल जात बा कि कांग्रेसी नेतन के राय रहुवे कि गठबन्हन अइसन होखे कि कांग्रेस अधिका से अधिका सीट जीते आ सबले बड़का गोल का रुप नें उभरे. साथही एह गठबन्हन के चेहरा राहुले गांधी के बनावल जाव.

जाने जोग बा कि बसपा अपना सुप्रीमो मायावती के पहिलहीं पीएम उमेदवार घोषत क देले बिया. ममता, मुलायम, चन्द्रबाबू, केसीआर, अखिलेश सभे मने मन आपन सपना अलगे सँजो के रखले बा. एह हालत में ई गठबन्हन कइसे बनी से देखे जोग होखी. – टटका खबर

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: