सिमटत कांग्रेस के जमीन गँवे-गँवे हथियावे में लागल आआपा के जनक केजरीवाल के कम समुझल अपना के बेवकूफ बनवला जइसन होखे के चाहीं. एगो मिशनरी साजिश का तहत पहिले केजरीवाल के आगा बढ़ावल गइल आ मिशनरी मकसद पुरावे में लागल सोनिया कांग्रेस ओकरा खातिर आपन जमील खाली करत गइल. पहिले त दिल्ली के गद्दी सँउपलसि कांग्रेस आआपा के आ अब पंजाब आ गुजरात के कांग्रेसी जमीन सँउपे का फेर में लागल बिया. पंजाब में जतना बड़हन पैमाना पर सिकख आ हिन्दुवन के धर्मान्तरण भइल बा आ होखत जा रहल बा ओहसे देर सबेर पंजाब आआपा का हाथे लागे से इंकार ना कइल जा सके.

आआपा का निशाना पर अब हिन्दुत्व के प्रयोगशाला का तौर पर उभरल गुजरात आ गइल बा. आजु केजरीवाल गुजरात का दौरा पर गइलन आ कहलन कि अगिला चुनाव में आआपा गुजरात के हर सीट पर आपन उमीदवार खड़ा करी. कोजरीवाल के मालूम बा कि अगर कवनो तरह गुजरात के हथिया लीहें त उनुकर सगरी मुराद पूरा हो जाई. देश के व्यावसायिक केन्द्र बन गइल गुजरात आआपा के खजाना भर दी.

काश हिन्दू एह साजिश के समुझ पवतें त देशो बाचीत. ना त देर सबेर उहे होखे वाला बा हिन्दुवन का साथे जवन आजु बंगाल में हो रहल बा. कश्मीर में हो चुकल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d