वाराणसी 12 मार्च (वार्ता). फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों अपना चार दिन के भारत दौरा का आखिरी दिने आजु लगभग पौने 11 बजे पुरातन धार्मिक आ सांस्कृतिक नगरी वाराणसी चहुंपलें जहां हवाई अड्डे पर उनुकर गर्मशोजी से स्वागत कइल गइल.
मैक्रों आ उनुका धर्मपत्नी ब्रिजिट मैक्रों के बाबतपुर के लालबहादुर शास्त्री अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अगवानी कइलें. अपना खास अंदाज में पीएम मोदी अपने खास अंदाज श्री मैक्रों से गला मिललें आ कुछ देर ले दुनु जने एक दोसरा के हाथ धइले रखलें.
एह अगवानी में मोदी का साथही उत्तर प्रदेश के राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ विदेशी मेहमानन के अभिवादन कइलें. एकरा बादि पीएम मोदी आ राष्ट्रपति मैक्रों मिर्जापुर ला रवाना हो गइलें.
मिर्जापुर के दादरा कलां गांव में आयोजित समारोह में देश के सबले बड़हन सोलर पॉवर प्लांट के उद्घाटन कइला का बाद ई लोग वाराणसी लवटी आ बड़ा लालपुर में पंडित दीन दयाल हस्तकला संकुल में वाराणसी साड़ी आ हस्तकला से रुबरू होखी.
उपरी बेरा दू सवा दू बजे का आसपास ऐतिहासिक अस्सी घाट से दशाश्वमेध घाट ले ई सभे नौका विहार करी लोग.
एह कार्यक्रमन के मद्देनजर वाराणसी में चउकस सुरक्षा व्यवस्था बहाल कइल गइल बा आ शहर पुलिस छावनी में तब्दील हो गइल बा. जल, थल आ आकाश तीनो ओर से अत्याधुनिक तकनीक के जरिये सुरक्षा निगरानी कइल जा रहल बा.