नयी दिल्ली 06 अगस्त (वार्ता). राज्यसभा के उप सभापति के चुनाव एही हप्ता नौ अगस्त, बियफे का दिने करावल जाई. एह पद खातिर बुध ले परचा दाखिल हो सकी.

एह बाति के एलान आजु सदन के सभापति एम. वेंकैया नायडु राज्यसभा में इस कइलन आ कहलन कि सदन के उप सभापति के चुनाव नौ अगस्त बियफे का दिने सबेरे 11 बजे करावल जाई.

परचा आठ अगस्त, बुध का दुपहरिया 12 बजे ले सकारल जाई आ एह समय का बाद कवनो परचा ना लीहल जाई.

राज्यसभा के उप सभापति पी जे कुरियन पिछला महीना जुलाई में सेवानिवृत्त हो गइलें आ ओकरा बाद से ई पद खाली पड़ल बा. एकर कवनो उमेद नइखे लउकत कि राजनीतिक गोलन में कवनो एक राय बन पाई आ एह चलते भोटिंग होखहीं के बा. आ एही बहाने विपक्ष के एकजुटतो लउके वाला बा कि ई लोग कवनो एक नाम पर एका बना पावत बा कि ना.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: