भारतीय जनता पार्टी के पुरनिया नेता, उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री आ राजस्थान अउर हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल रहल कल्याण सिंह काल्हु राति सवा नौ बजे लमहर बीमारी का बाद 89 बरीस का उमिर में परलोक यात्रा पर निकल गइलें.
पिछला करीब दू महीना से ऊ लखनऊ के संजय गांधी स्नातकोत्तर आर्युविज्ञान संस्थान में भरती रहलें आ एने कई दिन से उनुका के वेंटिलेटर का सहारे राखल रहुवे. आखिरी संस्कार काल्हु सोमार का दिने नरौरा में गंगा तट पर कइल जाई. प्रदेश में तीन दिन के राजकीय शोक आ सोमार का दिने सार्वजनिक अवकाश के घोषणा कइले बिया प्रदेश सरकार.
‘बाबूजी’ का नाम से जानल जाए वाला कल्याण सिंह छह दिसम्बर 1992 के अयोध्या में श्रीराम मन्दिर पुनर्निर्माण खातिर पुरनका ढाँचा गिरवला का दिने प्रदेश के मुख्यमंत्री रहलें आ अधिकारियन के साफ आदेश दिहले रहलें कि कवनो हालात में गोली नइखे चलावे के. एह घटना के पूरा जिम्मेदारी ऊ अपने पर डलले रहलें.
दुख के बात बा कि ई रामभक्त भव्य श्रीराम मन्दिर देखे के आपन सपना पूरा ना कर पवलें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: