नयी दिल्ली, 11 मार्च, (राष्ट्रपति भवन से). भारत के राष्ट्रपति श्री रामनाथ कोविन्द आजु मॉरीशस आ मडागास्कर के अपना राजकीय दौरा के पहिला डेग में मॉरीशस चहुँपनी.
हवाई अड्डा पर मॉारीशस के प्रधानमंत्री प्रविन्द्र कुमार जगनाथ अपना पूरा मंत्रीमण्डल आ सैकड़ों खासमखास लोग का साथे अगवानी करे ला मौजूद रहलें.
महात्मा गाँधी इल्स्टीच्यूट आफ मोका में महात्मा गाँधी के प्रतिमा पर श्रद्धासुमन चढ़वला का बाद राष्ट्रपति श्री रामनाथ कोविन्द विद्यार्थियन आ नवहियन के संबोधित कइनी. अपना संबोधन में राष्ट्रपति रामनाथ कोविन्द जी कहनी कि मॉरीशस के आजादी के 50वीं सालगिरह का मौका पर एहिजा आवे के मौका पा के अपना के सम्मानित समुझत बानी. काल्हु 12 मार्च मॉरीशस के आजादी के स्वर्ण जयन्ती के दिन होखला का साथही एकरा गणतन्त्र बने के 26वाँ सालगिरहो ह.
राष्ट्रपति जी कहनी कि मॉरीशस चहुँपे वाला गिरमिटहन के पहिला हिन्दुस्तानी जत्था 200 बरीस पहिले साल 1834 में आइल रहल. तब से अब ले भारतीय मूल के मॉरीशसियन बहुत आगा ले आ गइल बाड़ें. मॉरीशस के एगो समृद्ध राष्ट्र बनावे में एह लोग के योगदान के भुलावल ना जा सके. भारत हमेशा से मॉरीशस के स्थायी हिता रहल बा आ भारत मॉरीशस के नाता हमेशा एही तरह पोढ़ बनल रही.
राष्ट्रपति कोविन्द जी मॉरीशस के राष्ट्रपति डॉ अमीना गरीब-फकीमो के आवास पर गइनी आ उनुका के अपना शानदार स्वागत ला धन्यवाद दिहनी. कहनी कि बुझाइल जइसे हम हिन्दुस्ताने में अपना हिन्दुस्तानी लोग का बीते बानी.
आजु देर राति में राष्ट्रपति कोविन्द जी मॉरीशस के प्रधानमंत्री प्रविन्द्र कुमार जगनाथ का तरफ से दीहल एगो रात्रि भोज में शामिल होखब.
हमार नवजवान भाई बहन दोस्त लोगन!
युवा लोग, तोहर भविष्य तोहर हाँथ में बा। अपन में भरोसा करा, अपन पैर पर खडा होके आगे बढ़ा। आप शक्तिशाली रहबा, ता देश भी शक्तिशाली बनी। हिन्द महासागर तोहरा के बुलावत बा। ब्लू इकॉनोमी के ताकत तोहार हाथ में बा। भारत तोहर साथ बा।
— राष्ट्रपति कोविन्द— President of India (@rashtrapatibhvn) March 11, 2018
(चित्र में – मॉरीशस के राष्ट्रपति अमीना गरीब-फकीम का साथे भारत के राष्ट्रपति रामनाथ कोविन्द)