बियफे का दिने यूपीए के उम्मीदवार प्रणव मुखर्जी आ भाजपा समर्थित उम्मीदवार पी॰ए॰ संगमा आपन आपन परचा दाखिल कर दिहलें. एह मौका पर दुनु जने का साथे ओह लोग के समर्थक राजनेता मौजूद रहलें. संगमा के उमेद बा कि सांसद आ विधायक अपना अंतरात्मा का आवाज पर वोट दीहें काहे कि एह चुनाव में पार्टी के ह्विप ना जारी होखे आ सांसद विधायक अपना मनमर्जी के उम्मीदवार के वोट दे सकेलें. एकर सबसे पहिले इस्तेमाल इंदिरा गाँधी करवले रही जब ऊ अपने पार्टी के अधिकृत उम्मीदवार के हरवावे खातिर सभका से अंतरात्मा के आवाज पर वोट देबे के कहले रही. अबकी का चुनाव में यूपीए, एनडीए आ वाम मोर्चा तीनों में फूट पड़ गइल आ प्रणव मुखर्जी का समर्थन में लोग आपन आपन गठबन्हन के अनदेखी करत सामने आइल बा. एनडीए के शिवसेना आ जदयू प्रणव के समर्थन में बाड़ें त यूपीए के ममता बनर्जी अबहीं ले आपन मन नइखी बतवले.