दू दिन पहिले हिन्दुस्तान टाइम्स के सम्मेलन मेंं राहुल गाँधी के औकात बता चुकल यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव काल्हु कह दिहलन कि कांग्रेस से कवनो तरह के गठबन्हन नइखे होखे जात सपा के. सम्मेलन में अखिलेश यादव कहले रहलन कि अगर राहुल मुलायम सिंह के मातहत काम करे के तइयार हो जासु त कांग्रेस से अबहियें के अबहीं गठबन्हन क लीहें. अखिलेश कहलन कि कांग्रेस मान लेव कि मुलायम सिंह प्रधानमंत्री रहीहें आ राहुल उनकर डिपुटी त आजुवे गठबन्हन हो सकेला. जब अखिलेश ई बात कहलन तवना घरी राहुल गाँधी ओहिजे मौजूद रहलन आ बस मुसकिया के रह गइलन.
अखिलेश यादव काल्हु शनिचर का दिने चंबल सफारी में बर्ड फेस्टिवल के उद्घाटन करे गइल रहलें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: