रांची 01 जून (वार्ता). केंद्रीय खाद्य अउर नागरिक आपूर्ति मंत्री रामविलास पासवान हाल का उप चुनाव में विपक्षी गोलन के मिलल सफलता का बावजूद ओह लोग पर चुटकी लेत कहलन कि कवनो विपक्षी गोल कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के आपन नेता नइखे माने जात.
केन्द्र में राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) सरकार के चार साल पूरा भइला का उपलक्ष्य में रांची में बोलावल संवाददाता सम्मेलन में केन्द्र के उपलब्धियन के गिनावल रामविलास पासवान कहलन कि उहो देश में एगो मजगर विपक्ष के पक्षधर रहलें जेहसे सत्तारूढ़ आ विपक्षी गोल एक-दोसरा के प्रतिद्वंदी बन सकसु बाकिर मौजूदा विपक्ष अतना कमजोर बा कि ऊ लोकसभा में नेता विपक्षो नइखे दे सकत.
देश के राजनीतिक नब्ज पहचाने के महारथी मानल जाए वाला लोजपा अध्यक्ष भविष्यवाणी करत कहलन कि विपक्षी एकता ढेर दिन ले टिके वाला नइखे. चुनाव से पहिले ई लोग सीचन के बाँट-बखरा का मसला पर अलग अलग हो जाई. कहलन कि राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) के सर्वेसर्वा प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बाड़ें आ अबहीं देश में प्रधानमंत्री पद पर कवनो वेकेंसी नइखे आ अगिला चुनावो के बाद साल 2019 में राजगे के सरकार बनी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: