कोलकाता 13 अगस्त. लोकसभा अध्यक्ष रहल सोमनाथ चटर्जी के आजु कोलाकाता के एगो निजी अस्पताल में दिल के दौरा पड़ला से मौत हो गइल. ऊ 89 वर्ष के रहलें आ एने कुछ समय से बेमार चलत रहुवन.
पिछला हप्ता उनुका के एगो निजी अस्पताल में भरती करावल गइल रहुवे. अतवार का दिने उनुका दिल के दौरा पड़ल आ हालत अउरी बिगड़ गइल. आजु सबेरे उनुकर मौत हो गइल.
बँवारा गोल माकपा के नेता रहल सोमनाथ के यूपीए-1 का दौर में साल 2004 से 2009 ले लोकसभा के अध्यक्ष रहलन. उनुके कार्यकाल में कैश फार वोट के मामिला भइल रहुवे.
बरीस 2008 में जब ओह घरी के मनमोहन सरकार अमेरिका साथे परमाणु समझौता कइलसि त माकपा सरकार से आपन समर्थन वापस ले लिहले रहुवे आ सोमनाथ चटर्जी के लोकसभा अध्यक्ष पद छोड़े के कहले रहुवे. बाकिर चटर्जी अपना पद से ई कहि के ना हटलें कि स्पीकर कवनो गोल के ना रहि जाव आ ऊ एह घरी माकपा नेता नइखन. तब माकपा उनुका के अपना गोल से निकाल फेंकले रहुवे.
अपना कार्यकाल का दौरान ऊ लोकसभा में इतिहास के एगो संग्रहालय बनववले रहुवन जवना में मुगल दौर के शासकन के महिमा मंडन कइल गइल बा आ हिन्दू इतिहास के अनदेखी. अइसनका आदमी के मौत पर कायदा से कवनो संवेदना जाहिर कइल जरुरी नइखे. तबहियों परम्परा निभावत सगरी राजनेता उनुका के आपन श्रद्धांजलि दिहले बाड़न.