जापान के पीएम शिंजो अबे के वाराणसी यात्रा का दौरान काशी आ अगलो बगल के शहरन खातिर हजारन करोड़ के परियोजना मिले के उमेद बनल बा. बतावल जात बा कि केन्द्र सरकार के प्राथमिकता में शामिल गंगा निर्मलीकरण अउर बौद्ध परिपथ जइसन कामन ला बड़का समझौता हो सकेला. जापान का सहयोग से पहिलहीं से वाराणसी में अनेके परियोजना चलत बाड़ी सँ. भारत के काशी आ जापान के क्वाटो शहर का बीच कला, संस्कृति आ शिक्षा ला पहिलहीं से समझौता हो चुकल बा.
12 दिसंबर के होखत एह यात्रा में भारत के पीएम नरेन्द्रो मोदी साथे रहीहें. काल्हु जापान से आइल अधिकारियन के दल हवाई अड्डा से लगवले घाट तक के इलाका जाँचे परखे के काम कइलें. आजु एसपीजी के चहुँपे के बात बा. एह दुनू पीएम के स्वागत में वाराणसी के एलईडी का रोशनी से चमका दीहल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d