चेन्नई 28 फरवरी (वार्ता). कांची कामकोटि मठ के शंकराचार्य श्री जयेंद्र सरस्वती के मठ परिसर के भीतर नंदवनम में उनुका पहिले के शंकराचार्य श्री चंद्रशेखर सरस्वती स्वामीगल के समाधी का लगहीं महासमाधि दीहल जाई. शंकराचार्य के आजु चेन्नई में निधन हो गइल.
ऊ 83 वर्ष के रहली आ पिछला कुछ महीना से बीमार रहनी. आजु सबेरे सांस के तकलीफ भइला पर कांचीपुरम के एगो निजी अस्पताल में भरती करावल गइल आ ओहिजे उहाँ के निर्वाण हो गइल.
मठ के वरिष्ठ प्रबंधक बतावत बाड़ें कि देश के सबले पुरान मठ के 69वां धर्मगुरु के पार्थिव शरीर के काल्हु सबेरे ले जनता के दर्शन ला राखल जाई, सबेरे आठ बजे मठ में विशेष पूजा-अर्चना कइल जाई आ पार्थिव शरीर के अभिषेक कइला का बाद नंदवनम में महासमाधि दे दीहल जाई.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: