सलामी मंच पर राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी, उप राष्‍ट्रपति मोहम्‍मद हामिद अंसारी, प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी, गणंतत्र दिवस के मुख्‍य अतिथि फ्रांस्‍वा औलांद, आ रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर
सलामी मंच पर राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी, उप राष्‍ट्रपति मोहम्‍मद हामिद अंसारी, प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी, गणंतत्र दिवस के मुख्‍य अतिथि फ्रांस्‍वा औलांद, आ रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर
देश के 67वां गणतंत्र दिवस आजु आन-बान शान का साथे देश भर में मनावल गइल. दिल्ली के राजपथ पर भइल मुख्य समारोह में पहिला बेर कवनो विदेशी सेना परेड में शामिल भइल. मुख्य अतिथि रहलन फ्रांस के राष्ट्रपति फ्रांस्वा ओलांद आ परेड में शामिल भइलें फ्रांस के सैनिक.

राजपथ पर भइल परेड में भारत के सांस्कृतिक विविधता का साथ ही अत्याधुनिक हथियारन, मिसाइलन, विमानन अउर भारतीय सैनिकन के ताकत के दर्शन करावल गइल. सुरक्षा कारण से अबकी के परेड महज 90 मिनट के रहुवे जबकि हर साल ई 115 मिनट के होखत रहुवे.

आतंकी हमला के अनेसा देखत राजधानी दिल्ली में जमीन से आसमान ले सुरक्षा के अभूतपूर्व व्यवस्था कइल गइल रहे. वीवीआईपी गलियारा के सुरक्षा कई घेरा का भीतर राखल रहे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d