हाल के चुनाव में शेर के पछाड़े में सफल रहल सियारन के झुण्ड के नेता के कहना बा कि हर जगहा अइसने झुण्ड बनवला के जरुरत बा जवना से शेर के भगावल जा सके. उनुका गोल के माथ कमिटी के बइठक में एह तरह के गोहार लगावल गइल बा.
सभका मालूम बा कि कवनो जानवर में अतना बेंवत नइखे कि ऊ अकेले शेर के पछाड़ सको बाकिर अगर ऊ लोग आपन झुण्ड बना लेव त शेर के भागे के पड़ी आ तब मिल बाँट के शिकार खाइल सँभव हो जाई.
अब देखल जाव कि कवना कवना जगहा एह तरह के झुण्ड बन पावत बा.