- 21 जून का दिने पूरा दुनिया विश्व योग दिवस मनावे के तइयारी में बावे त इहो जाने जोग बा कि दुनिया के अकेला योग विश्वविद्यालय बिहार के मुंगेर बा. एह बिहार स्कूल आफ योग के स्थापना साल 1964 में स्वामी सत्यानंद जी कइले रहीं आ तब से लगातार ई संस्थान योग के शिक्षा देत आइल बा.
- नीतीश कुमार जीतन राम माँझी के विभिषण बता दिहलन त लोग सवाल करत बा कि विभिषण त राम का साथे चल गइलन. माने किे भाजपा राम हिय नीतीश का नजर में. अब ऊ इहो बता देस कि बिहार के राजनीति के रावण के हऽ?
- भाजपा के पुरनिया नेता लालकृष्ण आडवाणी आपन बात इशारे में कहेलन जवना के मतलब लोग अपना अपना हिसाब से निकाल लेला. अब एगो अंगरेजी अखबार के इंटरव्यू देत कह दिहलन कि देश में आपातकाल फेरू से ना लागी ई बात ऊ ना कह सकस काहे कि खतरा बरकरार बा. कहलन कि हो सकेला कि आगे चल के फेरू नागरिक के मौलिक अधिकारन में कटौती कर दीहल जाव. हमेशा से मोदी विरोधी रुख अपनवले राखे वाला मीडिया खातिर एकर बस एक मतलब बा कि पीएम मोदी जरूरत पड़ला पर आपातकाल लगा सकेलें.
- आजु बियफे का दिने मुंबई शेयर बाजार में तेजी दर्ज भइल. सेंसेक्स 283.17 चढ़ के आ निफ्टी 83.05 अंक बढ़ के बंद भइली सँ.
- सीबीएसई सुप्रीम कोर्ट से कहले बावे कि चार हप्ता का भितरे दुबारा से प्रीमेडिकल टेस्ट करा लीहल संभव नइखे. ऊ चाहत बावे कि ओकरा अउरी समय दीहल जाव.
- अमेरिका साउथ कैरोलिना राज्य में चार्ल्सटन के ऐतिहासिक ब्लैक चर्च में भइल गोलीबारी से नाहियो त नौ जने के मौत हो गइल बा.
- इस्लामी आतंकी संगठण अल कायदा अमेरिका खातिर जासूसी करे के आरोपी दू गो जासूसन के सरेआम फांसी पर लटका दिहलसि. बतावल जात बा कि अपना नेता अबू बशीर नासिर अल वुहायशी के मौत के बदला लेबे खातिर अइसन कइलसि.
- आईआईटी जेईई के नतीजा काल्हु बुध के देर साँझ घोषित क दीहल गइल बा.भितरे बलिया के सुखपुरा आ इदरपुर इलाका में साँप कटला का चलते एगो औरत समेत तीन लोग के मौत हो गइल बा.
- बलिया जिला के उभांव के हल्दीरामपुर में ब्रह्म बाबा स्थान का नियरा पोखरा में नहात घरी दू गो बचवा डूब गइलन स. तिसरका के लोग बचा लीहल बाकिर दू गो के लाश निकालल गइल.
- गाजीपुर सदर ब्लाक के हुसैनपुर गांव के बिंद बस्ती में बुध का दिने सर्वे करे आइल दू गो सफाई कर्मियन के पिटाई क दीहल लोग. ओकनी के कहना बा कि तमंचो देखावल लोग.
- देवरिया के न्यू कालोनी के एगो निजी अस्पताल में बुध का फजीरे एगो प्रसूता के मौत भइला का बाद ओकरा परिवार के लोग जम के हंगामा कइल. एह दौरान अस्पताल के संचालक आ कर्मचारी ताला लगा के भाग निकलले. बतावल जात बा कि रुद्रपुर तहसील के जाफराबाद के एगो प्रसूता के मौत अस्पताल के लापरवाही का चलते हो गइल.
- देवरिया के मझौलीराज के एगो औरत के मौत सलेमपुर के दक्खिनवारी ढाला पर रेललाईन पार करत घरी बापूधाम एक्सप्रेस से कटा के हो गइल.डवाराणसी में मुस्लिम महिला फाउंडेशन आ मुस्लिम राष्ट्रीय मंच मिल जुल के बुध का दिने विशाल भारत संस्थान के हुकुलगंज कार्यालय में योग शिविर लगवलसि जहाँ फाउंडेशन के अध्यक्षा नाजनीन अंसारी बुर्कानशीन मेहरारुवन के योग के महत्व समझवली. अंसारी अपनहु बुर्का पहिरले रही. एह मौका पर मुख्य अतिथि रहलन पंचगंगा फाउंडेशन के अध्यक्ष डा.हेमंत गुप्ता जिनका हाथे ‘योग और इस्लाम’ नाम के एगो किताब के लोकार्पण करावल गइल.
- बक्सर जिला के केसठ प्रखंड के खरवनियां गांव बिजली चोरी करे वालन के खिलाफ बुध का दिने छापामारी कइल गइल आ कतिकनार पंचायत के मुखिया चितनारायण सिंह समेत बीस जने के बिजली चोरी करत पकड़ल गइल.
- बक्सर जिला के चौसा में बनत रेल ओवर ब्रिज बनावे वाली कंपनी के मुंशी के बियफे का दिने सड़क हादसा में मौत हो गइल.
- भोजपुर जिला के खजुरिया पंचायत के मुखिया संतोष कुमार सिंह के चुनाव के मुंसिफ मजिस्ट्रेट के अदालत अवैध घोषित करत दुसरका जगहा आइल आदमी के विजयी घोषित करे के कहले बिया.
- भोजपुर जिला के हसनबाजार इलाका मेंं मंगल के देर रात एगो स्कार्पियो सड़क किनारे के पेड़ से टकरा गइल जवना से ओह पर सवार लोग घवाहिल हो गइल. अस्पताल ले जाए का राह में बिहिया के एगो आदमी के मौत हो गइल एह हादसा का चलते.
- गोपालगंज जिला के चौराव गांव में मंगल का रात पड़ल डकैती में एगो घर के लोग के घवाहिल क के लाखो रुपिया के गहना नकदी लूट ले गइले सँ.
- सारण जिला के रसूलपुर-चैनपुर सड़क पर मंगल का रात दू गो मोटरसाइकिल अपने में टकरा गइली सँ जवना से एगो नवही के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइले.
- छपरा जंक्शन पर रेलगाड़ियन के बढ़त भीड़ से निपटे खातिर दू गो अउर प्लेटफार्म बढ़ावे के फैसला कले बिया रेलवे. काल्हु वाराणसी मंडल के डीआरएम छपरा जंक्शन आ छपरा कचहरी टीसन के दौरा करे आइल रहलन त ई बात बतवलन.
- सारण आ सिवान जिला के दहशत मे राखे वाला राजू नट के मशरख पुलिस मंगल का रात में गिरफ्तार क लिहलसि. बाद में ओकरा के छपरा जेल भेज दीहल गइल.
- बेतिया के नौतन प्रखंड के मडुआहां गांव में ट्रांसफॉर्मर चोरावत दू गो चोर के गाँव के लोग ध लीहल आ पुलिस के सँउप दीहल.