PM_NaMo-at-BRICKS-summit

  • रूस का उफा में ब्रिक्‍स देशन के नेता लोग के समहर बइठक पूरा हो गइल. एह बइठक में पीएम मोदी कहलन कि संयुक्‍त राष्‍ट्र में समयबद्ध तरीका से सुधार कइल जरूरी हो गइल बा. कहलन कि आतंकवाद से लड़ाई में सगरी देशन आ ब्रिक्‍स देश, संयुक्‍त राष्‍ट्र वगैरह संगठनन के एकजुटता जरुरी बा. संयुक्‍त राष्‍ट्र के चाहीं कि साल 2015 के बाद के समय ला अपना मुख्‍य एजेण्‍डा में गरीबी हटावहु के शामिल क लेबे के चाहीं. मोदी के सलाह रहे कि ब्रिक्स देश आपन कृषि अनुसंधान केन्‍द्र बनावसु जवन दुनिया खातिर एगो उपहार जइसन होखी.
    उफा के एह ब्रिक्स देशन के शिखर सम्मेलन के घोषणा पत्र वगैरह दस्तावेज के जारी क दीहल गइल बा. एहमें सभकर एकमत राय देखावल गइल बा.
  • प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आ पाकिस्‍तानी प्रधानमंत्री नवाज शरीफ के बीच शुक का सबेरे उफा में एगो बइठक होखे जा रहल बा जवना के आजु भारत के विदेश विभाग अपना ट्विट से सकार लिहलसि.
  • बिहार विधान परिषद के 24 सीट खातिर भइल चुनाव के परिणाम काल्हु शुक का दिने आवे वाला बा आ सभकर धड़कन तेज हो गइल बा. एह चुनाव के परिणाम के मनोवैज्ञानिक असर विधानसभा चुनाव पर पड़े के बात कहल जात बा.
  • हाल के बोर्ड परीक्षा में शानदार सफलता दर्ज करावे वाला सिमुलतला आवासीय विद्यालय पर नक्सलियन के नजर गड़ गइल बा आ स्कूल में घुस के स्कूल बंद करे के धमकी देत एगो विद्यार्थी के किडनैप कर लिहले बाड़न सँ. नक्सलियन के कबो बर्दाश्त ना होखे कि समाज विकास का राह पर आगे बड़े.
  • व्यापम घोटाला के सगरी मामिलन के जाँच सीबीआई से करवावे के मध्यप्रदेश सरकार के गोहार सुप्रीम कोर्ट सुन लिहलसि आ सीबीआई से कहलसि कि 24 जुलाई से पहिले एह मामिला में आपन रपट पेश कर देव सीबीआई. साथही मध्यप्रदेश के राज्यपाल रामनरेश यादव के पद से हटावे का बारे में केन्द्र सरकार आ राज्य सरकार से जवाब मँगले बिया. रामनरेश यादव कांग्रसी नेता हउवन आ यूपीए के राज में उनुका के राज्यपाल बनावल गइल रहुवे.
  • दिल्‍ली के एगो अदालत बियफे का दिने धोखाधड़ी, जबरन भूमि कब्जावे आ मारपीट के शिकायत पर आआपा विधायक मनोज कुमार के गिरफ्तार कर लिहलसि आ दू दिन खातिर अदालत उनका के पुलिस हिरासत में भेज दिहले बिया. मनोज कुमार एगो आदमी के छह लाख रुपिया में ऊ जमीन बेच दिहले रहन जवन उनकर कबो रहबे ना कइल.
  • नीतीश कुमार के कहना बा कि अगर सरकार में दुबारे लवटलन त बिहार में शराब पर पूरा रोक लगा दीहें. हालांकि एहसे बिहार सरकार के सालाना 2500 करोड़ रुपिया राजस्व मिलेला.
  • व्यापमं घोटाला का दौरान बिहार नाहियो त पचासन विद्यार्थी मध्यप्रदेश के मेडिकल काँलेजन में दाखिल लिहले बाड़े. बतावल जात बा कि एकरा खातिर बिहार के धनपशु लोग 35 लाख रुपिया तकले दिहल अपना बेटा बेटियन के दाखिला खातिर.
  • भोजपुर जिला के कोइलवर बाजार में आजु बियफे का दिने करंट लगला से एगो घर के सास बहू के मौत हो गइल.
  • सारण जिले के मशरख के डोमर्सन बाजार से एगो माओवादी बदमाश गणेश शर्मा के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • सारण जिले के मढ़ौरा इलाका के ओलहनपुर गांव का लगे कुछ बदमाश एगो चावल व्यवसायी के कर्मचारी से तीन लाख छत्तीस हजार रूपिया छीन भगले.
  • रोहतास जिले के शिवसागर में बहाल पंचायत सचिव रामबहादुर शिव के बियफे का दिने डेहरी पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा पर सामाजिक सुरक्षा पेंशन के चौदह
    लाख रूपिया गबर करे के आरोप बा.
  • भारत के रोहन बोपन्‍ना आ रोमानिया के फ्लोरिन मर्जिया के जोड़ी विम्‍बलडन टेनिस टूर्नामेंट के पुरूष डबल्‍स के सेमीफाइनल में हारके बाहर हो गइल बा.
  • बियफे का दिने जम्‍मू-कश्‍मीर के कुपवाड़ा जिला के नौगाम में नियंत्रण रेखा के पार से भारत के अग्रिम चौकी पर भइल पाकिस्‍तानी गोलीबारी में बी एस एफ के एगो जवान शहीद हो गइल. जवाबी कार्रवाई में का भइल एकर ब्योरा अबहीं सामने नइखे आइल.
  • अमेरिका के ड्रोन हमला में पिछला सोमार के एगो इस्लामिक स्टेट के आतंकी मार गिरावल गइल. एह हमला में नाहियो त दू दर्जन आतंकी मारल गइलें. मराइल इस्लामिक स्टेट के आतंकी के नाम शााहिदुल्ला शाहिद बतावल गइल बा.
  • दुनिया के बाजारन में आजु शुक का दिने तेजी देखे के मिलल बाकिर भारत के शेयर बाजार आजु गिरावट ले के बंद भइल. सेंसेक्स में 114 अंक आ निफ्टी में 35 अंक के गिरावट आइल. जापान, हांगकांग, दक्षिण कोरिया आ चीन के शेयर बाजारन में आजु तेजी देखे के मिलल. रुपिया डालर का मुकाबले 21 पइसा मजबूत भइल आ एक डालर के दाम 63.39 रुपिया हो गइल.
  • अंतर्राष्‍ट्रीय मुद्राकोष के कहना बा कि अगिलो साल भारत दुनिया के सबले तेज रफ्तार से बढ़े वाला अर्थव्यवस्था बनल रही आ एकर विकास दर 7.5 फीसदी रहे के अनुमान लगवले बा. चीन के विकास दर 6.8 फीसदी पर अटकल रहे के उमेद बतावल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: