• मंगल का दिने भारत के सेना इतिहास रच दिहलसि जब म्यांमार का सीमा में घुस के ऊ उग्रवादियन के दू गो ठिकाना नेस्तनाबूद कर दिहलसि. साथही सगरी पड़ोसी देशन के इशारो दे दिहलसि कि अब हमला करे वालन के छोड़ी ना. केन्द्रीय सूचना आ प्रसारण राज्‍य मंत्री राज्‍यवर्धन सिंह राठौड़ बतवलन कि ई घटना आतंकियन के शह देबे वाला सगरी पड़ोसी देशन ला एगो सन्देश बा. बतवलन कि एह जवाबी हमला से ओह गुट के खतम क दीहल गइल जे पिछला हप्ता मणिपुर में हमला क के 18 गो सैनिकन के जान ले लिहले रहल. ओह गुट के 20 गो उग्रवादियन के मार गिरावल गइल. इहो कहलन कि ई त अबहीं शुरुआत भइल बा.
  • दिल्ली के केजरीवाल सरकार में कानून मंत्री जितेंद्र सिंह तोमर के काल्हु दिल्ली पुलिस गिरफ्तार क के अदालत में पेश कइलसि आ ओहिजा से उनुका के चार दिन के पुलिस रिमांड पर मांग लिहलसि. तोमर के कवनो दांव पेंच कामे ना आइल आ अदालत एह मामिला में उनुका के आगे के पूछताछ खातिर पुलिस रिमांड पर दे दिहलसि. पुलिस अब उनुका के लेके ओह विश्वविद्यालयन आ महाविद्यालयन तक ले जाई जहाँ से ऊ बीएससी आ एलएलबी करे के दावा करेलें. जान जाईं कि दुनू विश्वविद्यालय बता दिहले बाड़ी सँ कि जीतेन्द्र सिंह तोमर के डिग्री फर्जी ह. एही फर्जी डिग्री का बल पर तोमर अपना के दिल्ली बार काउन्सिल में एडवोकेट बन के शामिल भइल रहलें. बार काउन्सिल के जब डिग्रियन के फर्जी होखे के जानकारी मिलल त ऊ दिल्ली पुलिस में शिकायत कइलसि जवना का बाद पुलिस सगरी सुबूत उठा के तोमर के उठा लिहलसि. मजबूरी में तोमर के कानून मंत्री पद से इस्तीफा देेबे के पड़ल.
  • पलामू पुलिस सोमार देर रात सतबरवा इलाका के बकोरिया में भलुअही पहाड़ का लगे मुठभेड़ क के 12 गो माओवादियन के मार गिरवलसि. पुलिस के कवनो नुकसान ना भइल. एह मुठभेड़ में अनुराग उर्फ एके उर्फ डाक्टर के मार गिरावल गइल आ ओकनी का लगे से बहुते असलहा आ एगो स्कार्पियो गाड़ी बरामद कइल गइल.
  • पिछला लोकसभा चुनाव में कांग्रेस के मिलल कड़ुआ हार का बाद पहिला बेर महतारी बेटा देश के नौ गो राज्यन में बाचल कांग्रेसी सरकार के मुख्यमत्रियन से चरचा कइल लोग आ ओह लोग से नेहरू खानदान के विरासत बचावे के गोहार लगावल लोग. पिछला सरकार में पीएम के पद पर रहल मनमोहन सिंह कहलन कि मोदी मार्केटिंग के मास्टर हउवन जबकि उनका समय में सरकार के हासिल के कवनो जानकारी आम जनता के ना दीहल जा सकल. एहसे सोनियो गाँधी मनली कि कांग्रेसो के आपन मार्केटिंग सुधारे के जररत बा.
  • सब छँवड़ी झूमर पाड़े त लंगड़ी कहे हमहूं. एह कहाउत के सही करत राकांपा के मुखिया शरद पवार कहलन कि अगिला बिहार विधानसभा चुनाव में उनकर गोल सेकूलर जमात का संगे मिल केे देश के राजनीति के एगो नया दिशा देबे के काम करी. बिहार में वइसे राकांपा के कवनो खास अहमियत नइखे बाकिर राजद आ जदयू के पोंछ पकड़ के कांग्रेस आ राकांपा बिहार वैतरणी पार करे का फेर में बावे.
  • सेकूलर जमात के नेता के फैसला त हो गइल बाकिर भाजपा नीत एनडीए के नेता के नाम पर अबहियों हिचकिचाहट मौजूद बा आ एकरे के धेयान में राखत लालू प्रसाद के चुनौती बा कि भाजपा आपन नेता के नाम घोषित कर देखावे. बिहार में भाजपा सुशील मोदी के नेता बनावल चाही बाकिर पिछला नीतीश सरकार में नीतीश के पिछलगुआ बन गइला के छवि उनकर पीछा नइखे छोड़त. अचरज ना होखी अगर एन वक्त पर रविशंकर प्रसाद के नेता बना दीहल जाव.
  • उत्तर प्रदेश के एगो मंत्री का खिलाफ लिखे वाला पत्रकार के जिन्दा जरा देबे के आरोप लगवले बाड़े उनुका परिवार के लोग. बाकिर पुलिस के कहना बा कि ऊ ओह पत्रकार के गिरफ्तार करे गइल रहुवे जब ऊ आत्मदाह क लिहले. 15 साल से पत्रकारिता करत जगेंद्र सिंह उत्तर प्रदेश के पिछड़ा वर्ग कल्याण मंत्री राममूर्ति वर्मा आ उनुका गिरोह के गुरगन का बारे में फेसबुक पर लिखले रहुवन जवना से नाराज हो के मंत्री का तरफ से जगेन्द्र सिंह का खिलाफ लूट, अपहरण आ हत्या के कोशिश के मुकदमा दर्ज करा दीहल गइल रहे.
  • फातुल्लाह टेस्ट में भारत टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइलसि आ मैच शुरू हो गइल बा. कप्तान विराट कोहली के कहना बा कि टीम बैटिंग पिच के पूरा फायदा उठावे के कोशिश करी. एह मैच में भारत का तरफ से तीन गो तेज गेंदबाज खेलत बाड़े.
  • सेंसेक्स आ निफ्टी में मंगल का दिने लगातार छठवा बेर गिरावट दर्ज भइल. मैगी विवाद का बाद गिरावट झेलत नेस्ले कंपनी के शेयर में जबरदस्त उछाल देखे के मिलल.
  • बिना एसी वाला भोजनालयन में खाए नाश्ता करे वालन के सेवा कर ना देबे के पड़ी आ वातानुकूलित रेस्ट्रां में खइला पर खाना के कुल बिल के 40 फीसदी हिस्सा पर सेवा कर लागी. पूरा बिल पर सेवा कर दिहला के जरूरत नइखे.
  • भारतीय कोस्ट गार्ड के गायब डार्नियर विमान के अबहीं ले पता नइखे चलल नाही ओह पर सवार तीन जने का बारे में कवनो सुराग मिलल बा.
  • पूर्व-मध्य अरब सागर से उठल चक्रवाती तूफान अशोबा गंवे गंवे उत्तर-पश्चिम दिशा में बढ़त बावे. एकरा चलते आजु दक्खिन गुजरात, किनार पर वाला कर्नाटक, कोंकण आ गोवा में जोरदार बरखा होखे के अनेसा जतावल जात बा.
  • मानसून केरल चहुँपला का बावजूद ओइसन बरखा नइखे होखत जइसन मानसून का चलते होखेला.
  • सारण जिला के दिघवारा इलाका के बस्ती जलाल गाँव का लगे मंगल का दिने सड़क पार करत घरी बारह बरीस के एगो लड़िका टेम्पो से कचरा गइल आ ओहिजे ओकर मौत हो गइल. बाद में खिसियाइल लोग टेम्पो पलट दीहल आ सड़क जाम क के विरोध जतावल. एकरा बाद थानाध्यक्ष लालबहादुर आ बीडीओ ओहिजा चहुँपले आ लोग के समुझा बुझा के जाम हटवलें.
  • गोपालगंज शहर के सिनेमा रोड के मिठाई दुकान में बम फोड़ेवाला एगो आरोपी के पुलिस मोतिहारी जिला के छितौना में छापामारी क के गिरफ्तार क लिहलसि.
  • हिस्सेदारी के गाछ से आम तूड़ला का बाद पटीदारन से भइल झगड़ा मार पीट में बदल गइल आ पटीदार सब मिल के एगो रिटायर्ड दारोगा के घवाहिल क दिहलें. बलिया के नरहीं गांव के एह घटना में घाहिल रिटायर्ड दारोगा के खराब हाल देख के बलिया जिला अस्पताल रेफर कर दीहल गइल नरहीं सीएचसी से, जिला अस्पताल चहुँपला पर डाक्टर उनुका के मरल बता दिहलें.
  • मिर्जापुर जिला के कटहवा फार्म का लगे एगो ट्रैक्टर पलट गइल जवना से ओह पर काम करत ड्राइवर आ ओकरा बेटा के मौत हो गइल. खबर पा के ट्रैक्टर मालिक चहुँपल आ दुनू के लाश उठवा के ओह लोग का घर का सोझा रखवा के भाग गइल. सबेरे घर के लोग लाश देखल. बहुते दबाव बनवला का बाद थाना में मुकदमा दर्ज भइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: