• यूपी के राज्यपाल राम नाईक आजु गोरखपुर में योग आ महायोगी गोरक्षनाथ विषय पर आयोजित गोष्ठी में कहलन कि भारत का तरफ से योग के रूप में एगो शनदार तोहफा दुनिया के दिआइल बा आ क्रियात्मक योग के लोकप्रिय बनावे वाला गुरू गोरक्षनाथ के साधनास्थली होखला का चलते गोरखपुर के योग क गंगोत्री कहल जा सकेला. कहलन कि योग निरोग देह आ निर्मल मन खातिर कइल जाला ना कि कवनो धार्मिक अनुष्ठान खातिर. कहलन कि हर बात में लोच खोजे वाला लोगन के अनदेखी कइलो एक तरह के योगे ह. जे लोग एकरा के मजहब से जोड़े के कोशिश करत बा ओह लोग के नादन कहल जा सकेला. ओह लोग के मालूमे नइखे कि धर्म होला का.
  • मोदी सरकार के पहल का चलते संयुक्त राष्ट्र योग खातिर विश्व योग दिवस के रूप में मान लिहलसि आ काल्हु अतवार का दिने पहिला बेर दुनिया भर में योग के समारोह आयोजन होखे वाला बा. जाने जोग बा कि दुनिया के 47 गो मुस्लिम देश एह योग दिवस के समर्थन कइलन आ हर जगहा योग मनावल जाई बाकिर हिन्दुस्तान में योग के खिलाफ तरह तरह के बयानबाजी हो रहल बा. काल्हु संयुक्त राष्ट्र का तरफ से होखे वाला आयोजन में भारत के विदेश मंत्री सुषमा स्वराज आ संयुक्त राष्ट्र महासचिव बान की मून उपस्थित रहीहे.
  • जम्‍मू कश्‍मीर में कुपवाडा जिला में आजु शनिचर का दिने सेना आतंकियन के घुसपैठ करे के कोशिश नाकाम कर दिहलसि आ तीन गो आतंकियन के मार गिरवलस..
  • दक्षिण पश्चिमी मॉनसून तेलंगाना में बहुत तेज बा आ कोंकण, गोआ, विदर्भ, आंध्र प्रदेश अउर देश के पूरवारा राज्यन में सक्रिय हो गइल बा. अगिला दू दिन में एकरा छत्‍तीसगढ़, ओडिशा आ पश्चिम बंगाल में चहुँपे के अनुमान लगावल जात बा.
  • मुम्‍बई में काल्हु के मुसलाधार बरखा बाद थथमल शहर आजु बरखा रुकला का बाद फेरू चल पड़ल बा. लोकलो चले लागल बाड़ी सँ, अलग बात कि धीरे धीरे चलावल जात बा एह लोकल ट्रेनन के. आजुओ बरखा होखे आ हाई टाईड के अनेसा जतावत समुन्दर में जाए से मना कइल गइल बा.
  • हाकी विश्‍व लीग के सेमीफाइनल आजु से बेल्‍जियम के एंटवर्प में शुरु होखे जात बा. आजु भारत के पुरुष टीम के मुकाबला फ्रांस से आ महिला टीम के मुकाबला बेल्जियम के टीम से होखे वाला बा.
  • टीम इंडिया के कप्तान महेंद्र सिंह धोनी के रीति स्पोर्ट्‍स से जुड़ल का चलते हितन के टकराव लेके बीसीसीआई उनुका खिलाफ जांच शुरू क दिहले बिया. रीति स्पोर्ट्‍स मैनेजमेंट प्राइवेट लिमिटेड कंपनी धोनी के अलावा सुरेश रैना आ रविंद्र जडेजा के व्यावसायिक हित के धेयान राखे के काम करेले.
  • बिहार विद्यालय परीक्षा समिति आपन मैट्रिक परीक्षा के रिजल्ट आजु जारी कर दिहले बिया. शिक्षक लोग के हड़ताल का चलते अबकी बहुत देरी से रिजल्ट निकलल बा.
  • वाराणसी में सांसद का रूप में पीएम मोदी के गोद लीहल गाँव जयापुर में योग के शिक्षा देबे वाला गुरु मुसलमना हउवन. योग गुरु आफताब आलन पिछला 15 जून से शिविर लगा के लोग के योग के प्रशिक्षण देत बाड़न.
  • घरेलू विमान कंपनी स्पाइसजेट कहले बिया कि विश्व योग दिवस का दिने ओकरा कुछ हवाई जहाजन में योग के आयोजन होखी आ एह तरह के आयोजन करे वाली ई पहिला कंपनी हो जाई..
  • दू बरीस से बंद पड़ल एगो कंपनी में धमाका भइला का बाद गैस रिसाव होखे लागल बा. एह कंपनी में सिलिण्डर में गैस भरे के काम होखत रहुवे. एह रिसाव का चलते इलाका के बिजली सप्लाई रोक दीहल गइल बा आ लोग से खाना ना बनावे के हिदायत दीहल गइल बा. इलाका में अगल बगल से सगरी दमकल चहुँप गइल बाड़ी स जवना से कवनो अनहोनी का हालत में तुरते काबू पावल जा सके.
  • सिवान के हसनपुरा नोनिया डीह के एगो लड़िकी सारण जिला क बड़का मुहम्मदपुर गाँव में तय भइल रहुवे. बाकिर जब लड़िकी के मालूम भइल कि ओह गाँव में शौचालय के सुविधा नइखे त ऊ ओहिजा जाए से मना कर दिहलसि. जबले शौचालय ना बन जाई तब ले ऊ ससुरा ना जाए के जिद्द पर अड़ गइल जवना चलते दुलहा के बिना विदाई करवले लवटे के पड़ गइल.
  • केन्द्रीय कृषि मंत्री राधा मोहन सिंह बतावत बाड़न कि बिहार में केन्द्रीय राजेन्द्र कृषि विश्वविद्यालय तीन-चार महीना में काम करे लागी. कहलन कि सगरी अड़चन दूर करा लीहल गइल बा.
  • वित्तमंत्री अरुण जेटली बतवले बाड़न कि देश के करिया कमाई वाला लोग के आपन धन पर टैक्स आ जुर्माना अदा करे के एगो मौका जल्दिए दीहल जाई आ जे एकरा बादो आपन खुलासा ना करी ओकरा पर मुकदमा चलावल जाई.
  • सात जुलाई के होखे जात बिहार विधान परिषद के 24 गो सीटन पर 158 उम्मीदवारन के परचा सही मिलल बा. अब एह में से जे चाहे ऊ आपन नाम 22 जून ले वापस ले सकेला.
  • बक्सर जिला के इटाढ़ी थाना के ओठी गांव से पुलिस आजु एगो नवही के लाश बरामद कइले बिया आ मामिला के तहकीकात में लागल बिया.
  • यूपी सरकार के कहना बा कि गन्ना किसानन के उधारी चुका देबे वाला चीनी मिलन के 8.60 रुपिया प्रति कुंतल के सहायता दीहल जाई.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय कहले बिया कि बालू खोने वाला लोग जेसीबी से बालू ना उठा सके आ ओह लोग के ई काम मजदूरन से करावहीं के पड़ी. नियम इहे कहत बा आ नियम का खिलाफ जाए के इजाजत केहु के ना दीहल जाई.
  • प्रतापगढ़ का होटल में काल्हु फजीरे लागल आग से मरेवालन के गिनिती 13 हो गइल बा. कुछ लोग अबहियो अब तब का हाल में बा. यूपी सरकार का तरफ से एह लोग के परिवारन के दू दू लाख रुपिया मुआवजा के एलान कइल गइल बा.
  • मुसलमान लोग के पावन महीना रमजान के शुरुआत हो गइल बा आ पहिलके दिने शुक पड़ला का चलते काल्हु पूरा श्रद्धाभाव से लोग जगहे जगह नमाज पढ़ल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: