समाज उठावे आ बढ़ावे खातिर सभका मिलजुल के रहे के पड़ी : भागवत


मेरठ, 25 फरवरी (वार्ता) राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ (आरएसएस) के सरसंघचालक मोहन भागवत जी आजु कहनी कि समाज के उठावे आ बढ़ावे खातिर सभका मिलजुल के रहे के पड़ी आ सगरी समाज के आरएसएस बने के होई.
सरसंघचालक मोहन भागवत जी आजु एहिजा संघ के समागम ’राष्ट्रोदय’ में बतौर मुख्य अतिथि का रूप में स्वयंसेवकन के संबोधित करत रहीं. कहनी कि भारते दुनिया के राह देखा सकेला.
भागवत जी कहनी कि देश में एकता खातिर मिलके प्रयास करे के होखी. एकरा खिलाफ षड्यंत्र होत आइल बा बाकिर हमनी के एकजुट हो के रहे के बा. कहनी कि कट्टर हिंदुत्व माने कट्टर अहिंसा, कट्टरता उदारता खातिर बा.
उहाँ के कहनी कि दुनिया नीमनो बाति तबे मानेले जब ओकरा पाछा कवनो ताकत खड़ा होखे. दुनिया में कई सम्प्रदाय एक होइओ को एक नइखन. हिन्दू एके ह आ हिन्दुवन के एक होखहीं के पड़ी, इहे हमनि के धर्म ह. भारत सगरी दुनिया के सुख दे सकेला एतना बेंवत बा. सगरी समाज एकजुट रहो, कई प्रकार के बाधा आई बाकिर देश में सभका मिलिए के रहे के पड़ी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up