केन्द्र सरकार फैसला कइले बिया कि अब से पुलिस महकमा में मुसलमानन के गिनती के आंकड़ा जाहिर ना कइल जाई. बरीस 1999 में राजगे का सरकार का समय एह आंकड़ा के जारी करे के फैसला लीहल गइल रहुवे.
खास बात बा कि एह तरह के आंकड़ा खाली मुसलमानने का बारे में दीहल जात रहुवे. दोसरा अल्पसंख्यकन का बारे में एह तरह के आंकड़ा कबो ना दीहल गइल.