आजु मौको बा आ दस्तुरो कि मोदी सरकार के साफ साफ चेता दीं. सरकार अगर सोचत बिया कि हमनी का खिलाफ जाँच करवावे के बाति कहि के उ हमनी के डेरवा दी आ हमनी का ओकरा सामने सरेन्डर कर देब जा त उ बड़हन गलतफहमी में जीयत बिया. हमनी का चीन सरकार के सेना ना हईं जे एक घुड़की पर वापस लवटि जाइब जा. हमनी का खानदानी चोर आ गिरहकट हईं जा. आजु से ना शुरुवे से हमनी के खानदान देश के संपति आपन मानत आइल बा आ अपना संपति के कवनो तरह से इस्तेमाल करे के हमनी के हक बा.

हमनी पर आरोप इहे नू बा कि हमनी का देश आ समाज के दुश्मनन से चंदा का बहाने घूस लिहले बानी जा. त का गलत कइनी जा. देश आ समाज के दुश्मनन के संपति हथियाववल त देश सेवा माने के चाहीं आ ओकरा खातिर हमनी के परिवार के हर बेकत के भारत रत्न मिले के चाहीं. मोदी सरकार नइखे देत त मत देव. जहिए मौका मिली तहिए भारतो रत्न ले लेब जा. अतना लोग के मिलल बा सभे हकदारे ना नू रहुवे, कुछ लोग त एकरा के अपने हथिया लिहले रहुवे.

सरकारी संपति सरकारे के नू होला आ हमनी का त हमेशा सरकारे रहल बानी जा. आजुओ भलही मोदी सरकारी कुरसी पर बइठल बाड़ें पर उनुका से हमनी के कुछऊ उखड़े वाला नइखे. एह देश में कानून के राज चलेला आ कानून हमनी का अपना पाकिट में रखले बानी जा. जामा मस्जिद के बिजली बिल त सरकार असूल नइखे पावत, मौलाना साद के धर नइखे पावत आ हमनी के धरे के सपना देखत बिया. हुँह, ई मुँह आ मसूर के दाल !

एह देश के कानून जवना रफ्तार से चलेले तवना हिसाब से हमनी के दू गो पुस्त अउरी राज कर ली. जमानत पर हमनी के पूरा खानदान चलत बा. त ओहसे का, एगो अउर केस में जमानत ले लेब जा. एहसे सलाह इहे बा कि हमनी के गड़ल राज खोदे के कोशिश मत करे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: