निर्भया बलात्कार काण्ड के आरोपी के रिहाई हो गइला का बाद एह पर राजनीतिक नौटंकी चलत बा. दिल्ली महिला आयोग के अध्यक्षा बाहर मेंं बलात्कारी के खिलाफ बोलत बाड़ी जबकि सुप्रीम कोर्ट में उनुका तरफ से ओकरा के फेर से बसावे के आ कमाई करे जोग बनावे के बात कहल जात बा. अदालतो के पूछे पड़ गइल कि रउरा बलात्कारी का खिलाफ बानी का ओकरा समर्थन में !

ओने राज्यसभा में किशोर न्‍याय अधिनियम में संशोधन वाला विधेयक पेश करे के कोशिश कांग्रेस नाकाम कर दिहलसि. सरकार के कहना बा कि विपक्ष का चलते ई संशोधन समय पर ना हो सकल जबकि कांग्रेस के कहना बा कि केन्द्र सरकार के लापरवाही का चलते बलात्कारी रिहा हो गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d