आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट का खिलाफ चलावल जात अभियान में काल्हु रुस के वायु सेना विद्रोहियन के कब्जा वाला अरिहा शहर प बमबारी कइलसि. कुछ बम भीड़भाड़ वाला बाजारो पर गिरली सँ. एह हवाई हमला में नाहियो त चालीस लोग के जान चल गइल बाकिर एह बारे में कवनो आधिकारिक सूचना जारी नइखे भइल.
सीरिया पर हमला करत रुस के कहना बा कि ऊ इस्लामिक स्टेट वालन पर बम गिरावत बा जबकि कुछ देशन के कहना बा कि ऊ ओह ले अधिका सीरिया के विद्रोहियन पर हमला करे में लागल बा. अमेरिका आ यूरोप विद्रोहियन के बढ़ावा देत बाड़ें काहे कि ई लोग सीरिया के शासक के हटावल चाहत बाड़े.
ओने इंगलैंड में आतंकियन के समर्थक जमात के लोग प्रदर्शन क के सीरिया पर होखत हमला रोके के मांग कइले. एह लोग के कहना बा कि सीरिया पर होखत हमला से ओहिजा के गृहयुद्ध के बढ़ावा मिलत बा आ इस्लामिक स्टेट अउरी बरियार होखत बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: