(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी)

काँवड़ यात्रा पर सुओमोटो दखल देबे वाला सुप्रीम कोर्ट बकरीद पर दलीलो सुने ला तइयार नइखे. कह दिहलसि कि बकरीद का मौका पर कोरोना प्रतिबंघन पर केरल सरकार के दीहल छूट रोके के आदेश ना दी. केरल सरकार से जबाब मँगले बा आ आजु ओह मामिला पर आगे के सुनवाई करी. बाकिर इहे अदालत काँवड़ यात्रा पर बिना केहू के गोहार लगवले अपने कूद पड़ल रोके खातिर. संकेतो भर काँवड़ याक्षा निकाले के इजाजत ना दिहलसि देश के सुप्रीम कोर्ट. अगर कहल जाव कि ई सभ एह चलते हो रहल बा कि ओहिजा खानदानी जजन के परंपरा चलेला. दुनिया में कतहूं ना देखे के मिली कि जज के बहाली जजे करी दोसर केहू ना बाकिर अपना देश में जज के बहाली जजे का हाथ में होखला का चलते एकही खानदान में जजी के परंपरा चले लागल बा. जइसे वंशवादी गोल के अध्यक्ष बाप भा महतारी का बाद ओकरा वेटा आ बेटी का लगे आ जाला, आ कुँवार रहल त भतीजा का लगे वइसहीं अदालत में जज कवनो ना कवनो पुरान जज के खानदान से जुड़ल मिल जाई.

देश के विरोधी दल मोदी भा भाजपा के विरोधी ना हो के अब देशे के विरोधी बन गइल बाड़ें. आ एह लोग के साथ देबे वाला मीडियो के एगो गिरोह बन गइल बा. जब चीनी फंडिंग से चले वाला एगो मीडिया पोर्टल का खिलाफ मामिला दर्ज भइल आ ओकर सुबूत सामने आवे लागल त ओह खबर के दबावे ला एगो फर्जी विवाद खड़ा कर दीहल गइल जासूसी के. जासूसी आजु से नइखे शुरु भइल ई त अऩादि काल से चलल आवत बा. बाकिर ई देशद्रोही चाहत बाड़ें कि ओहनी के कवनो जासूसी ना होखे के गारंटी देन सरकार जेहसे ऊ देश के विरोध में आपन काम बिना रोकटोक चला सकसु. एही चलते काल्हु संसद ना चले दीहल गइल. नीचतई के हद पार हो गइल जब एहनी के इहो मंजूर ना भइल कि प्रधानमंत्री अपना आदिवासी, अनुसूचित जाति जनजाति, पिछड़ा वर्ग से आवे वावा मंत्रियन को परिचयो करा संसद में. बाकिर अगर केहू के एह बवाल के चलते साँस रुकल बा त ऊ बा ममता बनर्जी के. संसद में बवाल का चलते पश्चिंम बंगाल में विधानपरिषद के बहाली के प्रस्ताव अटकल बा. आ अगर विधान परिषद के बहाली ना हो सकल त ममता के कुरसी चलि जाई.

फोरम ऑफ कंसंर्ड सिटीजन प्रदेश के नौकरशाह रहल लोगन के ओह दावा के बेबुनियाद बतवले बा जवना में कहल गइल रहे कि उत्तर प्रदेश पुलिस मुठभेड़ का नाम पर मुसलमानन के मारत बिया. अब फोरम का तहफ से जारी बयान में कहल गइल बा कि ई नौकरशाह रहल लोग राजनीती करत बा आ झूठ अउर मनगढंत आरोप लगावत बा.

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शिवसेना नेता संजय राउत का बारे में कहलन कि ओकरा में कुछ समुझे नइखे त ओकरा बयान पर का बोलीं, जान जाईं कि संजय राउत भाजपा के सलाह दिहले बा कि भाजपा नीतीश से आपन समर्थन वापस ले लेव काहें कि नीतीश जनसंख्या नियंत्रण कानून बनवला का खिलाफ बाड़न.

अल्पसंख्यक कार्य मंत्री आ भारतीय जनता पार्टी के बड़हन नेता मुख्तार अब्बास नकवी के राज्य सभा में सदन के उप नेता बनावल गइल. पहिले उप नेता रहल पीयूष गोयल अब नेता हो गइल बाड़न सदन के

पहिलका वनडे जीत चुकल बीसीसीआई के क्रिकेट टीम श्रीलंका का खिलाफ आजु आपन दुसरको एकदिना जीत के सीरीज जीतल चाही.

काल्हु के टूटस शेयर बाजार आजुओ खड़ा हो पाई कि ना एह पर भरपूर संदेह बा. काहे कि काल्हुओ अमेरिका के शेयर बाजार में बड़हन गिरावट दर्ज भइल. हालांकि आजु ओहिजा के वायदा बाजार में तेजी देखे के मिल रहल बा बाकिर ई तेजी लिवालन के फाँस (बुलट्रैप) हो सकेला एहसे सम्हरिए के खरीददारी कइल ठीक रही.

कोरोना महामारी का चलते यूपी सरकार निर्देश जारी कइले बिया कि बकरीद का मौका पर कतहूँ सार्वजनिक कुर्बानी ना होखे के चाहीं आ एक बेर में पचास से अधिका लोग के जुटला पर रोक बरकरार रही. बकरीद का मोका पर ऊँट भा गाय भैंस के कुरबानी ना होखे दीहल जाई. अगर कतहीं अइसन होखत बा त ओह आदमी आ ओकरा परिवार का खिलाफ सख्त कार्रवाई कइल जाई.

हेराफेरी का मामिला में जेल में पड़ल समाजवादी नेता आ सांसद आजम खान के तबियत काल्हु फेरु बिगड़ गइल आ उनुका के जेल से हटा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. हालांकि अस्पताल के कहना बा कि आजन खान के तबियत अबहीं काबू में बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d