बतावल जात बा कि कांग्रेस पार्टी का तरफ से पूरा प्लान खींचा गइल बा कि अगिला 19 तारीख के जब सोनिया आ राहुल गाँधी नेशनल हेराल्ड के संपति हड़पे वाला तूंबाफेरी का मुकदमा में अदालत में हजिर होखीहें तब जमानत के बांड ना भरी लोग आ अगर अदालत जेल भेज दिहलसि त केन्द्र सरकार पर राजनीतिक बदला लेबे के अछरंग लगावत बवाल कइल जाई. आ अगर अदालत जेल ना भेज दिहलसि त ओकरे के आपन जीत आ बेकसूर होखे के नाम देके अपना पक्ष में हवा बनावल जाई.
अधिका उमेद इहे बा कि अदालत एह लोग के गिरफ्तार ना कराई काहे कि ई लोग समन पर हाजिर हो गइल बा आ आगहूं होखत रही एकर उमेद कइल जा सकेला. एहसे ई बहुते जरूरी बा कि कांग्रेसी खेल समुझल जाव आ एह लोग के प्लान से जनता बढ़िया से जान जाव. मीडिया त सच देखावे से रहल. सोशल मीडिया पर एकर जिम्मेदारी बा कि ऊ सच सामने ले आवे आ एह लोग के झापसपट्टी से जनता के चेतवले राखे.