अफगानिस्तान के हक्कानी नेटवर्क के वालिद जलालुद्दीन हक्कानी के मुअला के खबर आजु मंगल का दिने जारी भइल बा।

बतावल जात बा कि ऊ ढेएर दिन से बेमार रहुवे आ अपना खूनी गिरोह के जिम्मेदारी अपना बेटा सिराजुद्दीन के दे के रखले रहुवे।

वइसे सोशल साइट ट्वीटर पर @DrGPradhan के कहना बा कि ई सब कुछ झूठ बाति ह. अगर जलालुद्दीन सचहूँ मू गइल बा त ओकर लाश के का भइल ? कब दफनावल गइल? कहाँ दफनावल गइल एह बारे में जानकारी काहे नइखे दीहल जात  ? उनुकर कहना बा कि ई सगरी झूठ एह चलते पसारल जात बा कि अमेरिका के विदेश मंत्री माइक पोम्पिओ हिन्दुस्तान पाकिस्तान के यात्रा पर आवे वाला बाड़न आ उनुका सोझा पाकिस्तान आपन साफ चेहरा देखावल चाहत बा. 


Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: