नयी दिल्ली 09 अगस्त. बलिया के मूल निवासी, बिहार से राज्यसभा सांसद आ राँची में रहे वाला जदयू के सांसद रहल हरिवंश नारायण सिंह आजु राज्यसभा उपसभापति पद ला करावल गइल भोटिंग में कांग्रेसी सांसद बी के हरिप्रसाद के सीधा मुकाबला में हरावत उपसभापति चुना गइलें. उनुका पक्ष में 125 भोट पड़ल जबकि विरोध में 105 भोट.
विपक्ष के पता रहुवे कि एह भोटिंग में हारल पक्का बा से कवनो गोल आपन उम्मीदवार खड़ा करे ला तइयार ना भइल आ मजबूरन कांग्रेस अपना राज्यसभा सांसद हरिप्रसाद के चुनाव लड़वा दिहलसि. एकरा साध ही कांग्रेस के नयका अध्यक्ष राहुल गाँधी अपना नैतिक जीतन का सूची में एगो नैतिक जीत अउरी जोड़ लिहलन. एहसे पहिले लाकसभा में अविश्वास प्रस्ताव हरला का बाद उनुका लागल कि राज्योसभा में हारल जरुरी बा.
नया नया उपसभापति चुनाइल हरिवंश नारायण सिंह के प्रतिभावान अउर कलम के धनी बतावत पीएम मोदी कहलन के अख़बार चलवला से मुश्किल काम होखी संसद चलवावल काहे कि एहिजा के खिलाड़ियन से अम्पायर परेशान रहेलें.
बलिया में जनमल हरिवंश बनारस में पढ़ाई कइलन. अर्थशास्त्र से एम ए कइला का बाद रिजर्व बैंक के नौकरी कइलन जवन उनुका रास ना आइल. तब ऊ पत्रकारिता शुरू कइलन. कोलकाता में साप्ताहिक पत्रिका रविवार में टी वी दुनिया के चहेता पत्रकार सुरेन्द्र प्रताप सिंह का साथे काम कइलन. फेर धर्मवीर भारती का साथे धर्मयुग में काम कइलन. प्रधानमंत्री चंद्रशेखर के बहुत करीबी रहेवाला हरिवंश बाद में हिन्दी अखबार प्रभात खबर के सम्पादको रहलन आ एह अखबार के बुलन्दी पर चहुँपवलन.