इन्दौर, 12 जून (वार्ता) मध्यप्रदेश के इंदौर में रहत आध्यात्मिक सन्त उदय सिंह देशमुख (भय्यूजी महाराज) आजु अपना लाइसेंसी पिस्तौल से अपना दहिना कनपट्टी पर गोली मार लिहलन.
ओकरा बाद उनुका के एगो निजी अस्पताल में ले जाइल गइल जहाँ उनुका के मरल घोषित क दीहल गइल.
बतावल जात बा कि पुलिस उनुकर लिखल आत्महत्या का पुर्जी आ ऊ पिस्तौल बरामत क लिहले बिया. पुलिस एह मामिला के हर तरह से जाँच करे के बाति कहत बिया. उनुका घरोवालन से पूछताछ कइल जाई.
जाने जोग इहो बा कि भय्यूजी महाराज के पहिलका पत्नी माधवी के मौत साल 2015 में हो गइल रहुवे आ ओकरा बाद साल 2017 में ऊ डॉ आयुषी शर्मा से बिआह क लिहले रहन. बाकिर एह से उनुकर बेटी नाराज रहुवे.
भय्यूजी महाराज के राजनीतिक संपर्को मजगर रहुवे आ अन्ना के अनशन तुड़वावें में उनुका दखल ले के ऊ सभका चर्चा में आ गइल रहलें.