नागपुर, 06 जून (वार्ता) हाल ले राष्ट्रपति रहल प्रणव मुखर्जी राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के कार्यक्रम में शामिल होखे ला बुधवार के साँझे नागपुर आ गइलें. बियफे का दिने उहाँ के रेशमीबाग में स्थित संघ मुख्यालय में आरएसएस के तिसरका साल के प्रशिक्षण शिविर (संघ शिक्षा वर्ग) के समापन समारोह के संबोधित करब.
आरएसएस हर साल अपना एह कार्यक्रम में गैर संघी प्रख्यात व्यक्तियन के आमंत्रित करेले आ ओही परम्परा का तहत प्रणव दा के एह साल बतौर मुख्य अतिथि बोलावल गइल बा.
एहिता राष्ट्रपति रहल मुखर्जी दा भावी आरएसएस प्रचारकन के राष्ट्रवाद पर व्याख्यान देब. एह शिविर में देशभर के लगभग 700 स्वयंसेवकन के प्रशिक्षित कइल गइल बा.
संघ के नेवता सकरला का बादे से कांग्रेसी नेतवन के गर सूखे लागल बा उ लोग मुखर्जी दा के एह फैसला के आलोचना करत बा. दोसरा तरफ हमेशा संघ के खिलाफ रहल प्रणव दा के संघ आ भाजपा के लोग सराहत बा. उ लोग एह फैसला के लोकतांत्रिक परम्परा के आपसी बातचीत बतावत बा.
कांग्रेस के कई गो पुरनिया नेता चिट्ठी लिखके प्रणव दा से निहोरा कइले रहलें कि एह कार्यक्रम में जाए के फैसला रद्द कर दीं. एह लोग के लागत बा कि संघ कार्यक्रम में प्रणव दा जइसन लोग के शामिल होखला से कांग्रेस के सेकुलर गोल पर खराब असर पड़ी.
हद त ई बा कि खुद प्रणव दा के आपन बेटी आ कांग्रेसी बोलतुआ शर्मिष्ठा एह फैसला का खिलाफ बाड़ी. उनुकर कहना बा कि प्रणव दा के कहल बाति लोग भुला जाई बाकिर उनुकर फोटो लोग का दिलो दिमाग पर छपल रहि जाई जवना के संघी प्रचारतंत्र अपना फायदा ला जमाना ले इस्तेमाल करीहें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d