आजु सबेरे दस बजे का लगभीर मध्यप्रदेश में उज्जैन ओरि जात भोपाल-उज्जैन पैसेंजर ट्रेन के एगो डिब्बा में कालापीपल इलाका के जबड़ी टीसन का नियरा आतंकी बम धमाका से चार जना घवाहिल हो गइलें. एह धमाका के जाँच में पाँच आदमी प सन्देह उपजल जवना में से तीन जने के मध्यप्रदेश के पिपरिया में एगो बस से गिरफ्तार क लीहल गइल. दू गो के यूपी में होखे के खबर मिलल. एह दू गो में से एगो के कानपुर से ध लीहलसि पुलिस आ पँचवा आतंकी के लखनऊ के ठाकुरगंज के हाजी कॉलोनी के एगो घर में घेर लीहल गइल. एकर नाम सामने आ गइल. सैफुल्लाह नाम के ई आतंकी जवना घर में बा ओकरा मालिक के साल 2014 में खून क दीहल गइल रहे. सुरक्षा बल भरपूर कोशिश कइलें कि सैफुल्लाह के जिन्दे ध लीहल जाव बाकि पाँच घंटा के मुठभेड़ में ओकर मौत हो गइल.
एह हालात के देखत वाराणसी के श्री काशी विश्वनाथ मंदिर, लाल बहादुर शास्त्री अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा, रेलवे टीसन वगैरह खास खास जगहन प सुरक्षा चउकस क दीहल गइल बा.

यूपी विधानसभा चुनाव के सतवाँ आ आखिरी दौर के वोटिंग काल्हु 8 तारीख के होखे जा रहल बा. गाजीपुर, वाराणसी, चन्दौली, मिर्जापुर, भदोही, सोनभद्र, आ जौनपुर जिला के 40 गो सीट प पड़े वाला वोट का साथही चुनाव पूरा हो जाई. सगरी दौर के वोटिंग के गिनिती एके साथे 11 तारीख के होखे वाला बा.

सोनभद्र के जुगइल इलाका में अपना ननिअउरा आइल एगो बच्ची गाँवे में मेला देखे आइल रहे जहाँ से पाँच गो बदमाश ओकरा के जबरदस्ती रहर के खेत में खींज ला गइले आ ओकरा साथे सामूहिक बलात्कार कइल. बच्ची के चिलइला प लोग जुटल त कुकर्मी भाग परइले सँ.

संतकबीरनगर जिला के खलीलाबाद कोतवाली इलाका में एगो मरद अपना मेहरारु के गरदन दबा के जान ले लिहलसि. बस्ती जिला के मुंडेरवा इलाका के उमरी अहरा गांव के एह आदमी के अपना मेहरारु के चाल चलन प शक रहुवे. आजु अपना मेहरारु के खलीलाबाद चहुँपावे के बहाने साइकिल से ले के चलल आ तेनूहारी नहर प टेंटुआ दबा के जान ले लिहलसि.

चाचा से निपटल अबहीं ढेर दिन ना भइल तबले यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश के मयभावत महतारी अब नया मोर्चा खोल दिहले बाड़ी उनुका खिलाफ. मुलायम सिंह के दूसरकी बीबी साधना गुप्ता आजु कह दिहली कि अब उहो खुल के मैदान में अइहें. साधना के मनसा बा कि उनुका पहिलका मरद से भइल बेटा प्रतीको राजनीति में आवसु. जान जाईं कि प्रतीक के मेहरारु अपर्णा यादव अबकी के विधानसभा चुनाव में सपा के उमीदवार बन के मैदान में बाड़ी.

सारण जिला के बनियापुर इलाका के बनिया बाजार में आजु दिनदहाड़े एगो गैस एजेंसी प धावा बोल के अढ़ाई लाख रुपिया लूट ले गइलें करीब आधा दर्जन बदमाश.

सोनभद्र जिला के बीजपुर इलाका के लीलाडेवा गाँव के एगो आन्हर बूढ़ के जंगल से भटक के आइल हाथी कचार के जान ले लिहलसि. गाँव के लोग बड़ी मुश्किल से ओह हाथी के खदेड़ल. घवाहिल बूढ़ के अस्पताल चहुँपावल गइल बाकि उनुका के बचावल ना जा सकल.

गाजीपुर के गहमर इलाका में भदौरा-बसुका नहर बाईपास का नियरा ताड़ीघाट-बारा मेन रोड प नौली का तरफ से आवत ट्रैक्टर के गाजीपुर से आवत एगो ट्रक धक्का मार दिहलसि. ट्रैक्टर ट्राली नहर में पलट गइल आ ओकरा ड्राइवर के ठाँवे प मौत हो गइल. ऊ सेवराई के रहल.

रोहतास जिला के बिक्रमगंज टीसन का नियरा रेलवे क्रासिंग प एगो ट्रक मोटरसाइकिल से जात दू जने के धक्का मार दिहलसि. एह हादसा में मध्य विद्यालय सजौनी के एगो शिक्षक के मौत हो गइल आ उनुकर साथी घवाहिल हो गइलन.

पश्चिम चंपारण जिला के गोपालपुर इलाका के कदमवा गांव के एगो झोपड़ी में लागल आग में तीन गो छोट छोट बच्चा जिन्दे झँउस के मर गइले.

वाराणसी के बड़ागाँव इलाका के खरावन गाँव के एगो आशिक धरांव त्रिलोचन के अपना प्रेमिका साथे जौनपुर के जलालपुर इलाका के एगो होटल में जहर खा के जान दे दिहलसि.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d