It is being rumoured that the recently held India Srilanka Test series was fixed. Two infamous bookies of India resided in the same hotel with Indian team for the whole duration of the series. Questions are also raised on frequent visit to Srilanka.
कुछ लोग आरोप लगा रहल बा कि हालही में भइल भारत श्रीलंका टेस्ट शृंखला के परिणाम पहिलही से “फिक्स” रहुवे. शृंखला बरोबरी पर छूटल रहे. संदेह एह चलते जतावल जा रहल बा कि पूरा शृंखला का दौरान भारत के दू गो सट्टेबाज ओहि होटल में ठहरल रहले जवना में भारत के टीम ठहरल रहे. एहू बाति पर सवाल उठावल जा रहल बा कि का कारण बा कि भारत बेर बेर श्रीलंका के दौरा कर रहल बिया.
पूछला पर आईसीसी के प्रवक्ता कहले कि हर बात के जाँच ना करवावल जाला. अगर संदेह के कवनो बाति होखी त जाँच जरुर करवावल जाई. ओने बिशन सिंह बेदी के कहनाम बा कि अगर एह शृंखला पर तनिको संदेह के गुंजाइश होखे त बढ़िया से जाँच करववला के जरुरत बा.