Ex Chief Minister of Bihar Lalu Prasad who is more famous for his fodder scam than any thing else has been asked to appear along with other accused in a CBI court on 6th Sept in the fodder scam case.

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव के, जिनका राज में चारा घोटाला भइल रहे, एगो सीबीआई अदालत छह सितम्बर के अपने हाजिर होखे के कहले बा. चारा घोटाला से जुड़ल बहुते मुकदमन में से एगो एह मुकदमा में भागलपुर ट्रेजरी से धोखाधड़ी से रुपिया निकलला के मुकदमा बा. लालू एह मामिला में अपना पर से आरोप हटावे के अरजी लगवले बाड़न.

चारा घोटाला में कई हजार करोड़ रुपिया के फर्जी निकासी भइल रहे जवना चलते लालू के कुछ दिन जेलो में रहे के पड़ल रहे आ तब ऊ अपना मेहरारू राबड़ी के मुख्यमंत्री बना दिहले रहले. बाद में केन्द्र में कांग्रेस का साथे मंत्री रहला का दौरान धीरे धीरे बहुतेरे मुकदमन से बरी हो चुकल बाड़न. आमदनी से बेसी के संपति वाला मुकदमो में उनकर कुछ ना बिगड़ल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d