आजु बियफे का दिने मुंबई शेयर बाजार 19 महीने के सबले निचला स्तर पर चल गइल. आजु सेंसेक्स में 555 अंक आ निफ्टी में 173 अंक के गिरावट दर्ज भइल.
शेयर बाजार में एह गिराढ़ट का पाछे चीन के खराब माली हालात बतावल जात बा. चीन में ओहिजा के मुद्रा युआन के दाम तेजी से घटवला का बाद दुनिया भर के बाजारन पर एकर असर पड़ल बा. घबराहट का चलते होखत बिकवाली में निमनको शेयर ढिमलात चल गइली सँ.
चीन के शेयर बाजार में आजु कारोबार शुरू होखला का साथही गिरावट आइल शुरु हो गइल आ आधे घंटा में सर्किट ब्रेकर लगा देबे के पड़ल जवना का बाद भारतो के शेयर बाजार ढिमलाए लगली सँ.