जिलाधिकारी आ एसपी मोटरसायकिल से लिहलें शहर के हाल

देवरिया,22 फरवरी(वार्ता). देवरिया में काल्हु बुध का दिने जिलाधिकारी आ पुलिस अधीक्षक मोटरसायकिल चलाके शहर के हाल जनलन.

आधिकारिक सूत्र बतवलें कि जिलाधिकारी सुजीत कुमार आ पुलिस अधीक्षक राकेश शंकर शहर के समस्या जाने बूझे ला खुदे मोटरसायकिल चलावत शहर घूमलें. हेलमेट पहिरले एह दुनु अधिकारियन के शहर का गलियन में घूमत देख लोग सन्न हो गइल.

शहर में जाम के हालात देखे ला दुनु अधिकारी कसया ढाला, मालवीय रोड, मोतीलाल रोड, आ पेड़ा गली में जाम के हकीकत जनलें. दिन में रोड पर पिकअप आ ट्रक खड़ा कर के सामान लोड अनलोड होखत देख जिलाधिकारी आ पुलिस अधीक्षक नाराज हो गइलें..

एकरा बाद ऊ लोग सख्त हिदायत दिहल कि सगरी दुकानदार सामान लोडिंग आ अनलोडिंग करे के काम रात 10 बजे का बाद आ सबेरे 6 बजे का पहिले कर लेव. ना त धराइल गाड़ियन के जप्त क लीहल जाई.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up