आजु सोमार का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी वाराणसी में दू गो नेशनल हाईवे आ बन्दरगाह के उद्घाटन करीहें.

एह दुनु हाईवेज के लम्बाई 34 किलोमीटर बा आ एहनी पर 1572 करोड़ रुपिया का खरच भइल बा. बाबतपुर हवाई अड्डा के वाराणसी से जोड़त हाईवे जौनपुर, सुल्तानपुर होत लखनऊ ले जाई. हरहुआ में बनल फ्लाईओवर आ तरना में बनल सड़क उपरी पुल से वाराणसी से बाबतपुर आवे जाए में लागे वाला समय में बचत होखी जवना से पर्यटकन का साथही आमो जनता के सहूलियत होखी. साथही एह मार्ग पर छोट आ मझिला उद्योगने के बढ़न्ती होखे के उमेद बा. एह से रोजगारो में बढ़न्ती होखी आ इलाका के आर्थिक हालात सुधारे में मदद होखी.

विश्वबैंक के सहयोग से इनलैन्ड वाटरवेज अथारिटी ऑफ इण्डिया के गंगा नदी पर बने वाला चार गो बहुउद्देशीय बन्दगाहन में से पहिलका वाराणसी में बनावल गइल बा. बाकी तीन गो बन्दगाह साहिबगंज, हल्दिया, आ गाजीपुर में बनावल जा रहल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d