आजु बुध 14 सितम्बर 2022 का दिने बाजार खुलल त ओकरा पहिले पिछला राति के अमेरिकी बाजार के चरचा गरम रहुवे. ओहिजा मँहगाई के आंकड़ा बढ़ के अइला का बाद बाजार में कोहराम मच गइल रहुवे. लोगे ना, बड़का बड़का जानकारो दहशत में आ गइल रहलें आ केहू खुल के लिवाली के समर्थन करे वाला ना लउकत रहे.

एह माहौल में हमनी के बाजार खुलल त शुरुआत त अढ़ाई सौ अंक से अधिका नीचे गिर के शुरु भइल बाकिर पहिलके पाँच मिनट में 100 अंक आ पन्द्रह मिनट का भितरे 17900 के पार कर गइल. हिम्मत ना होखत रहुवे कि गिरावट का अनेसा का बीच लिवाली करे के जोखिम उठावल जाय. आ ऊ कहाउत साँच हो गइल कि जो डर गया सो मर गया.

हर थोड़िका देर पर लागत रहुवे कि अब गिरे के शुरुआत करी बाकिर ई शुरुआत अन्तिम घंटा ले ना भइल. आ जब शुरुआत भइल तब ले तीन बज गइल रहुवे आ ओकरा बाद कवनो नया सौदा अनुभवी आ हिमतगरे कर सकत रहुवे.

एहिसे कहल जाला कि बाजार के चाल के कवनो भरोसा ना होखे आ कबहियों केनिओ के रुख कर सकेला. आ इहो मालूम हो गइल कि जहाँ बड़का-बड़का आ नामी एँकर अंदाजा ना लगवलें तहवाँ आम आदमी के का बिसात.

अब काल्हु बियफे ह आ साप्ताहिक सलटान के दिन. बियफे के बाजार त अउर मायावी होले. जइसे आजु पहिले बिकवाल लोग के निपटा दिहलसि बाजार वइसहीं काल्हु अगर लिवालन के निपटावे पर बढ़ चलल त का भरोसा.

वइसे 18000 का उपरे बाजार आजुओ बन्द भइल आ ई बाजार के ताकत देखा दिहलसि कि कइसे लोग के भरोसा बा देश के बढ़न्ती पर छोट-मोट बदरी पर धेयान दिहला का जरुरत नइखे.

कई बार बतावल गइल बा कि बाजार में अनुशासित आ डर अउर लालच से दूर रहत अपना योजना का हिसाब से काम करे के चाहीं. नुकसान लिहल सीख गइनी त कमाई होखत देर ना लागी. अफसोस इहे बा कि अधिकतर ट्रेडर नुकसान ना लेबे चाहसु भलहीं ओह फेर में नाक तक ले पानी आ जाव.

एहसे जिदिआईं मत आ बाजार रउरा उल्टा चल गइल त पहिले से तय योजना का हिसाव से स्टॉप लॉस उठा लीहल करीं. दोसरे वायदा बाजार बड़ लिवरेज का चलते अधिका मुनाफा देबे के संभावना देखावेला बाकिर ई दुधारी तलवार होले. नुकसानो ओही तरह बेहिसाब हो सकेला. एहसे अपना चादर का हिसाबे से गोड़ पसारी.

छुट्टी का दिने सोचत बानी कि फ्यूचर, ऑप्शन, आ कैश बाजार के तुलना कईल जाव कि कवना बाजार में का फायदा बा, का नुकसान.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d