मुम्बई 19 फरवरी (वार्ता) पीएनबी में भइल करोड़ों रुपियन के फर्जी लेनदेन में कुछ अउरिओ कारोबारियन के सनइला के अनेसा देखत आ गीतांजलि जेम्स अउऱ नीरव मोदी के ठिकानन पर जांच एजेंसियों के जारी कार्रवाई का दबाव में आजु सोमार का दिने बिकवाल हावी रहलें. एह चलतो बीएसई सेंसेक्स 236.10 अंक ढिमला के 33,774.66 अंक पर आ निफ्टी 73.90 अंक ढिमला के 10,378.40 अंक पर बंद भइली सँ.
दुनियो का बाजारन में एह घरी निवेश कमजोर पड़ल बा. बाजार पर कच्चा तेलन के बढ़त दामो के असर पड़ल बा. आजु पीएनबी के शेयर में 7.36 फीसदी के गिरावट आइल जबकि नीरव के कंपनी गीतांजलि जेम्स लिमिटेड के शेयरन में 9.99 फीसदी के.