बियफे साप्ताहिक सलटान के दिन होला एहसे सम्हरिए के रहे के बा. दोसरे अमेरिका से का संकेत आवत बा एकरो पर बहुत कुछ निर्भर रही.
1. ITC 340.00 का आसपास मिल जाव त लीहल जा सकेला. स्टॉपलॉस 327.60 के रही.
बुध का दिने ई 336.00 पर खुल के 345.20 के हाई आ 335.50 के लो बनावत 340.60 पर बन्द भइल. पिछला दिन ई 336.00 पर बन्द भइल रहुवे.
2. IOC 68.00 का आसपास बेचल जा सकेला. स्टॉपलॉस 69.00 के रही.
बुध का दिने ई 69.30 पर खुल के 69.30 के हाई आ 68.20 के लो बनावत 68.20 पर बन्द भइल. पिछला दिन ई 69.10 पर बन्द भइल रहुवे.
3. ZOMATO 59.40 के स्टॉपलॉस राखत 63.00 का आसपास लीहल जा सकेला.
बुध का दिने ई 63.30 पर खुल के 63.95 के हाई आ 62.40 के लो बनावत 63.30 पर बन्द भइल. पिछला दिन ई 62.85 पर बन्द भइल रहुवे.
4. IDFCFIRSTB 49. 0 के स्टॉपलॉस राखत 50.00 का आसपास लीहल जा सकेला.
बुध का दिने ई 51.25 पर खुल के 51.55 के हाई आ 49.80 के लो बनावत 50.65 पर बन्द भइल. पिछला दिन ई 51.30 पर बन्द भइल रहुवे.
आजु चारिए गो शेयर शामिल कइले बानी. चुने के आधार पुरनके बा, बस दायरा बदल के 50 से 500 के कम कर दिहले बानी.
अब हमेशा का तरह आजु ला दीहल अनुमानो के लेखा-जोखा ले लीहल जाव,
बुध ला पाँच गो शेयर चुनले रहीं –
1. PNB बिकवाली के मौका दिहलसि बाकिर लक्ष्य तक ना चहुँपल.
2. ZOMATO केनिओ के मौका ना मिलल.
3. IDFCFIRSTB बिकवाली के मौका दिहलसि बाकिर लक्ष्य तक ना चहुँपल.
4. IOC बिकवाली के मौका दिहलसि बाकिर लक्ष्य तक ना चहुँपल.
5. NATIONALUM केनिओ के मौका ना मिलल.
तीन गो में मौका मिलल बाकिर लक्ष्य ले कवनो ना ले गइल.
शेयर चुने के आधार – स्क्रीप निफ्टी-200 में शामिल होखे. पिछला दिन के आखिरी दाम 500 रुपिया से 50 रुपिया का बीच के होखे. कम से कम सौ करोड़ रुपिया के सौदा भइल होखे आ कम से कम दू करोड़ शेयर के खरीद बिक्री भइल होखे. आ ऊ शेयर के ना त खरीद के रखले होखीं ना बेंच के.
एकरा अलावे इहो जान लीं कि – हम कवनो तरह के सलाहकार ना हईं आ ट्रेडिंग के हमार अनुभव अबहीं ले बहुते खराब रहल बा. हम एकरा के महज जानकारी खातिर देत बानी आ कवनो तरह के सौदा अपना से सोच समुझ के भा अपना निवेश सलाहकार से पूछ के लीं. हम अलग से केहू के ई जानकारी ना बाँटी. जवन बा तवन सबका सोझा आ एही वेबसाइट पर बा. हम कवनो तरह के फीस ना लीं एह सब ला. कवनो सौदा बाजार खुलला का आधा घंटा बादे कइल बेहतर होला. रोज के सौदा रोजे निपटा भा सलटा लेबे के चाहीं. अगर तय मापदंड पूरा ना होखत होखे त कवनो सौदा नइखे करे के. पहिले दस बीस दिन एहिजा दीहल आकलन के थाह लीं कि हम कतना सही भा कतना गलत होखत बानी. एकदिन एके स्क्रीप में सौदा करीं जवन ओह दिन सबले पहिले एह तय मापदण्डन के पूरा कर लेव.