शेयर बाजार में कुछ बढ़िया करे के बा त सबसे पहिले एह सवाल के जवाब खोजीं कि बुध के खरीदल के आ बियफे शुक के बेचल के. अगर एह सवाल के जवाब रउरा खोज लिहनी त राउर ट्रेडिंग के सफर मजगर रहे के बा.

शेयर बाजार आ जनरल बाजार के अन्तर सबले बड़का इहे होला कि शेयर बाजार में ऊ खरीदाला जेकर दाम बढ़त भा चढ़त बा. आ ओकरा के बेच दीहल जाला जवना के दाम गिर रहल बा. कवनो सौदा करे खातिर दू आदमी जरुरी होला, एक त ऊ जे खरीदे वाला बा आ दोसरका ऊ जे बेचे वाला बा. दुनु पक्ष आपन बोली खुल के बता देला कि कतना पर खरीदे के बा भा कतना पर बेचे के बा. कुछ लोग अइसनो होला जे खरीदे के सोचलसि त जवना दामे मिल जाव तवने दामे खरीद लीहें भा जवने दाम मिलत बा तवने पर बेच दीहें.

एह लोग के मन खरीदे भा बेचे के बनेला कइसे ई बाजार के मनोवैज्ञानिक पहलू होला. एकरा के समुझल ओतने जरुरी बा जतना ओकरा कारण के समुझल. जब दाम चढ़े लागेला त लोग मान लेला कि बहुमत एकरा के खरीदल चाहत बा आ एक तरह के भेड़ चाल शुरु हो जाला जवना मे ओकर दाम अउऱी बढ़त जाला. बाकिर एक सीमा अइसन आवहीं के बा जब सगरी खरीददार आपन खरीददारी पूरा कर लीहें. आ जब खरीददार घटे लगीहें त दाम गिरे लागेला. अब एहिजा दू तरह के लोग होला. एक तरह के लोग घबराहट में आपन खरीदल शेयर बेचे लागेला कि पता ना कहाँ ले गिरी. दोसरा तरह के लोग ई होला जे जानत बा कि दाम गिरहूं के एगो सीमा होला. जब अधिका लोग आपन शेयर बेच चुकेला तब बाजार में शेयर के सप्लाई कम होखेला आ गँवे-गँवे दाम फेरु चढ़ल शुरु हो जाला. एकरा साथ ही पुरनका चक्र शुरु हो जाला. एही चक्र का चक्कर में व्यवधान रेखा भा व्यवधानी इलाका बनेला जहाँ खरीदे वाला घटे लागेलें भा जहाँ लोग मुनाफा काटे खातिर पहिले से खरीदल शेयर बेचे लागेला. व्यवधानी रेखा का लगे भा कहीं त व्यवधानी इलाका में एक त खरीदेवाला कम हो जालें आ मुनाफा काटे वाला आ बिकवाल जुटे लागेलें.

एही का उलट आधार रेखा भा आधारी ईलाका बनेले जब बेचे वाला कमजोर पड़े लागेलें आ गँवे-गँवे खरीददार जुटे लागेलें. आ एही से ट्रेंड भा हवा बनेला जवन या त उपर ओरि चढ़त जाला (Uptrend) भा नीचे का तरफ गिरत जाला (Downtrend). एह दुनु का बीच अइसनो समय आवेले (Sideways trend)जब एगो सपाट दायरा में ट्रेड होखत रहेला. हर ट्रेंड के दू गो सीमा होला उपर आ नीचे के. दुनु के बीच वाली रेखा का उपर खरीदे के ना चाहीं आ ओह बीच वाली रेखा का नीचे बेचे के ना चाहीं.

लिवाली के समय ऊ होला जब नीचे आधार रेखा भा इलाका नजदीके होखे आ व्यवधान रेखा भा इलाका दूर होखे. बिकवाली के समय ऊ होला जब उपर व्यवधान रेखा भा इलाका नजदीके होखे आ नीचे आधार रेखा भा इलाका दूर में होखे. तबहिएं मुनाफा के गुंजाइश बढ़िया रही.

सोमार का दिने 19 सितम्बर 2022 के कुछ महत्वपुर्ण रेखा बनत बावे 17900, 17640, 17550, 17500, 17460, आ 17400 पर. अब कहाँ खरीदल ठीक रही आ कहाँ बेचल एह ला आपन दिमाग लगाईं आ अपना सोच का हिसाब से ट्रेडिंग करीं.

हमार ई सगरी लेख नवही ट्रेडरन खातिर होखेला. जानत बानी कि मजल खिलाड़ी एहिजा अइहें ना. आ एकरे चलते एह पूरा श्रृंखला के हम शिक्षा का कैटेगरी में राखेनी. एह शिक्षा से राउर आपन रोजी रोजगार खोजे के कोशिश करब कि व्यवसाय-व्यापार के ई रउरा सभे पर निर्भर बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d