रोज का तरह पहिले एकर लेखा-जोखा कर लिआव कि आजु मंगल का बारे में हमार अनुमान कइसन रहल –
1. IDEA केनिओ ना गइल.
2. PNB 40.00 का उपर खुलल आ 41.30 ले गइल. लक्ष्य का पहिलहीं टें बोल गइल बाकिर तबो 2 फीसदी के मुनाफा लेबे के संभावना रहुवे.
3. ZOMATO 64.00 का उपर के चाल इहो देखवलसि बाकिर 69.00 के लक्ष्य तक ना चहुँपल, बाकिर इहो 2 फीसदी से अधिका मुनाफा के मौका दिहलसि.
4. BANKBARODA केनिओ ना गइल.
5. IDFCFIRSTB केनिओ ना गइल.
एह तरह पाँच गो में से दू गो अनुमान सही निकलल आ कवनो अनुमान नुकसान उठावे के मौका ना ले आइल. गँवे-गँवे अन्दाजा सही बइठे लागी एकर उमेद कइल जाव.
आजु का दिन बाजार गैप अप खुलल आ निकहा उपर ले गइल बाकिर उपरी बेरा कमजोर पड़ के नीचे आ गइल. हालांकि गैप अप का बाद मुनाफा के संभावना बनल रहे.
अब आईं बुध 21 सितम्बर 2022 का बारे में अनुमान लगावल जाय –
1. PNB
बुध का दिन एकरा में 40.35 से 41.35 का बीच कवनो ट्रेड नइखे करे के.
उपर भा नीचे निकले त आधा फीसदी पर स्टॉपलॉस राखत दू फीसदी के लक्ष्य खातिर जाइल जा सकेला.
2. ZOMATO
बुध का दिन एकरा में 62.80 से 65.30 का बीच कवनो ट्रेड नइखे करे के.
उपर भा नीचे निकले त आधा फीसदी पर स्टॉपलॉस राखत दू फीसदी के लक्ष्य खातिर जाइल जा सकेला.
3. IDFCFIRSTB
बुध का दिने एकरा में 50.70 से 52.80 का बीच कवनो ट्रेड नइखे करे के.
उपर भा नीचे निकले त आधा फीसदी पर स्टॉपलॉस राखत दू फीसदी के लक्ष्य खातिर जाइल जा सकेला.
4. IOC
बुध का दिने एकरा में 70.00 से 69.15 का बीच कवनो ट्रेड नइखे करे के.
उपर भा नीचे निकले त आधा फीसदी पर स्टॉपलॉस राखत दू फीसदी के लक्ष्य खातिर जाइल जा सकेला.
5. NATIONALUM
बुध का दिने एकरा में 75.50 से 76.50 का बीच कवनो ट्रेड नइखे करे के.
उपर भा नीचे निकले त आधा फीसदी पर स्टॉपलॉस राखत दू फीसदी के लक्ष्य खातिर जाइल जा सकेला.
शेयर चुने के आधार –
स्क्रीप निफ्टी-200 में शामिल होखे.
पिछला दिन के आखिरी दाम 200 रुपिया भा ओकरा नीचे के होखे.
कम से कम सौ करोड़ रुपिया के सौदा भइल होखे.
कस से कम दू करोड़ शेयर के खरीद बिक्री भइल होखे.
हम ओकरा के ना त खरीद के रखले होखीं ना बेंच के.
एकरा अलावे इहो जान लीं कि –
हम कवनो तरह के सलाहकार ना हईं आ ट्रेडिंग के हमार अनुभव अबहीं ले बहुते खराब रहल बा.
हम एकरा के महज जानकारी खातिर देत बानी आ कवनो तरह के सौदा अपना से सोच समुझ के भा अपना निवेश सलाहकार से पूछ के लीं.
हम अलग से केहू के ई जानकारी ना बाँटी. जवन बा तवन सबका सोझा आ एही वेबसाइट पर बा.
हम कवनो तरह के फीस ना लीं एह सब ला.
कवनो सौदा बाजार खुलला का आधा घंटा बादे कइल बेहतर होला.
रोज के सौदा रोजे निपटा भा सलटा लेबे के चाहीं.
अगर तय मापदंड पूरा ना होखत होखे त कवनो सौदा नइखे करे के.
पहिले दस बीस दिन एहिजा दीहल आकलन के थाह लीं कि हम कतना सही भा कतना गलत होखत बानी.
एकदिन एके स्क्रीप में सौदा करीं जवन ओह दिन सबले पहिले एह तय मापदण्डन के पूरा कर लेव.