बैक से लीहल कर्जा ना चुकवला पर पीस पार्टी अध्यक्ष के नोटिस

by | Nov 10, 2013 | 0 comments

लखनऊ 09 नवम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश मे पीस पार्टी के संस्थापक आ अध्यक्ष डा.मोहम्मद अयूब का खिलाफ करीब एगारह करोड के करजा भुगतान करावे खातिर आई.डी.बी.आई.बैक नोटिस जारी कइले बिया.

पूर्वांचल के मशहूर चिकित्सक डा.अयूब तीन जने का साथ मिल के करजा खातिर बैक मे गारंटी दिहले रहन. करजा के भुगतान ना भइल त बैंक एहिजा के अखबार में विज्ञापन का जरिए उनका खिलाफ नोटिस दिहले बिया.

जाने जोग बा कि 2012 के विधान सभा चुनाव मे पीस पार्टी चार गो विधान सभा सीट जीतले रहुवे जवना में से एगो सीट खुद डा.अयूब जीतले रहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up