मंगल का बारे में बतिआवे से पहिले ई देखल जाव कि सोमार खातिर दीहल अनुमान कइसन रहल –
1. ZOMATO – उपरी सीमा पार त कइलस बाकिर स्टॉप लॉस हो गइल.
2. IDEA – दुनु ओर गुंजाइश बनल बाकिर दुनु ओर स्टॉप लॉस हो गइल.
3. PNB – उपरी सीमा पार कइला का बाद करीब 2 फीसदी के मुनाफा दिहलसि.
4. IDFCFIRSTB – उपरी सीमा पार त कइलस बाकिर स्टॉप लॉस हो गइल.
5. BHEL – केनिओ सौदा करे जोग ना बनल.
अब काल्हु मंगल के अटकर लगावल जाव.
मंगल का दिन खातिर पाँच गो स्क्रीप का बारे में नीचे बचावत बानी – एह सूची में चुनाए के आधार आ जोखिम नीचे बतवले बानी. ओकरो के पढ़ल बहुते जरुरी बा.
1. IDEA आजु सोमार का दिने ई 9.25 पर खुल के 9.30 ले उपर आ 9.05 ले नीचे जा के आखिर में ओहिजे बंद भइल. शुक का दिने ई 9.20 पर बन्द भइल रहुवे.
9.50 का उपर खरीदल जा सकेला. स्टॉप लॉस 9.00 के रही आ लक्ष्य रही 10.00 के.
9.00 से नीचे गिरे त बेचल जा सकेला. स्टॉप लॉस 9.50 के रही आ लक्ष्य रही 8.50 के.
2. PNB
आजु 39.85 का भाव पर खुल के 41.35 के हाई आ 39.65 के लो बनवलसि. आखिर में एकर बन्द भाव 40.40 के रहल. शुक का दिने एकर बंद भाव 39.65 रहुवे.
40.00 का उपर खरीदल जा सकेला. स्टॉप लॉस 37.00 के रही आ लक्ष्य रही 43.00 के.
37.00 से नीचे गिरे त बेचल जा सकेला. स्टॉप लॉस 39.00 के रही आ लक्ष्य रही 35.00 के.
3. ZOMATO
आजु सोमार का दिने 64.20 का भाव पर खुल के 65.45 के हाई आ 63.45 के लो बनवलसि. आखिर में एकर बन्द भाव 63.85 के रहल. शुक का दिने एकर बंद भाव 63.20 रहुवे.
64.00 का उपर खरीदल जा सकेला. स्टॉप लॉस 61.50 के रही आ लक्ष्य रही 69.00 के.
61.50 से नीचे गिरे त बेचल जा सकेला. स्टॉप लॉस 64.00 के रही आ लक्ष्य रही 58.00 के.
4. BANKBARODA
आजु 136.80 का भाव पर खुल के 143.45 के हाई आ 136.35 के लो बनवलसि. आखिर में एकर बन्द भाव 141.10 के रहल. शुक का दिने एकर बंद भाव 137.25 रहुवे.
144.00 का उपर खरीदल जा सकेला. स्टॉप लॉस 134.00 के रही आ लक्ष्य रही 156.00 के.
133.00 से नीचे गिरे त बेचल जा सकेला. स्टॉप लॉस 144.00 के रही आ लक्ष्य रही 119.00 के.
5. IDFCFIRSTB
आजु 51.20 का भाव पर खुल के 51.95 के हाई आ 50.60 के लो बनवलसि. आखिर में एकर बन्द भाव 51.10 के रहल. शुक का दिने एकर बंद भाव 50.90 रहुवे.
52.00 का उपर खरीदल जा सकेला. स्टॉप लॉस 49.00 के रही आ लक्ष्य रही 57.00 के.
49.00 से नीचे गिरे त बेचल जा सकेला. स्टॉप लॉस 52.00 के रही आ लक्ष्य रही 43.00 के.
शेयर चुने के आधार –
स्क्रीप निफ्टी-200 में शामिल होखे.
पिछला दिन के आखिरी दाम 200 रुपिया भा ओकरा नीचे के होखे.
कम से कम सौ करोड़ रुपिया के सौदा भइल होखे.
कस से कम दू करोड़ शेयर के खरीद बिक्री भइल होखे.
हम ओकरा के ना त खरीद के रखले होखीं ना बेंच के.
एकरा अलावे इहो जान लीं कि –
हम कवनो तरह के सलाहकार ना हईं आ ट्रेडिंग के हमार अनुभव अबहीं ले बहुते खराब रहल बा.
हम एकरा के महज जानकारी खातिर देत बानी आ कवनो तरह के सौदा अपना से सोच समुझ के भा अपना निवेश सलाहकार से पूछ के लीं.
हम अलग से केहू के ई जानकारी ना बाँटी. जवन बा तवन सबका सोझा आ एही वेबसाइट पर बा.
हम कवनो तरह के फीस ना लीं एह सब ला.
कवनो सौदा बाजार खुलला का आधा घंटा बादे कइल बेहतर होला.
रोज के सौदा रोजे निपटा भा सलटा लेबे के चाहीं.
अगर तय मापदंड पूरा ना होखत होखे त कवनो सौदा नइखे करे के.
पहिले दस बीस दिन एहिजा दीहल आकलन के थाह लीं कि हम कतना सही भा कतना गलत होखत बानी.
एकदिन एके स्क्रीप में सौदा करीं जवन ओह दिन सबले पहिले एह तय मापदण्डन के पूरा कर लेव.