
कवनो माई के लाल दावा से ना बता सकसु कि बाजार के ऊंट कवना करवट बइठी. आ एही अनिश्चितता के माहौल में ट्रेडिंग करे वाला आपन आपन दाँव खेले के कोशिश करेलें. कुछ लोग के तुक्का सही बइठ जाला त कुछ लोग के बेहिसाब गलत. हमरा कहला से ई त सोचीं कि ट्रेडिंग #share_trading करे वाला सगरी लोग तुक्के भिड़ावत रहेला. एक से एक महारथी एह धंधा में लागल बाड़ें आ ओह लोग के सालाना कमाई करोड़ों में होले. बाकिर हम आम ट्रेडर के बाति करत बानी जे आपन जथा-पूंजी ले के आवेलें आ सोचेले कि हमहूं देखते-देखत वइसने कमाई करे लागब. अइसनका लोग के बाजार से बहरी फेंकाए में समय ना लागे आ आपन पूरा पूंजी गँवा के ऊ लोग बाजार का ओरि पीठ कर लेला.
एहमें एह बाति के गाँठ बान्ह लीं कि शेयर बाजार से कमाई कइल आसान ना होला. हर सौदा में दू गो पक्ष होला. एगो सोचेला कि अब दाम गिरी त ऊ बिकवाल बन जाता. त दोसरका सोचेला कि दाम बढ़े वाला बा आ ऊ ओकरा के खरीद लेला. अब एक न एक जाने के गलत होखहीं के बा. आ अकसरहाँ उहे लोग गलत साबित होखेला जे कम पूंजी वाला होखेला. कम पूंजी वाला एक त निफिकिर ना हो पावे, दोसरे ओकर सपना बहुते ऊँच होला. दोसरा तरफ बड़का पूंजी वाला होखेलें जे बाजार के उतार चढ़ाव से निफिकिर होके काम करेले. उनुका लगे दर्जनो कंपनी के शेयर होला. दस गो फायदा दी त दू चार गो के नुकसान से उनुका पर कवनो असर ना पड़े.
अइसनो नइखे कि बड़का पूंजी वाला के फैसला गलत ना होखे. होखेला आ खूबे होखेला. बाकिर ऊ लोग नुकसान के सीमा में राखल जानेला आ मुनाफा के दउड़े के मौका देत रहेला. कम पूंजी वाला ई ना कर पावे से ओकरा नुकसानो पर सौदा काटल मजबूरी होले.
हाल के कोरोना महामारी का चलते घरे घेराइल लोग जम के शेयर बाजार में घुसल. शुरुआत में ओह लोग के फायदो खूब भइल बाकिर अब ओहमें से कई लोग आजु काल्हु आपन निवेश नुकसान में देखत होखी. बाकिर घबरइला से काम नइखे चले वाला. बाजार के उठा-पटक त चलते रही. कबो निव गाड़ी पर रही त कबो गाड़ी नाँव पर.
आईं अब शेयर बाजार में निवेश करे के तौर-तरीका पर चरचा कइल जाव. निवेश करे वाला लोग दू खेमा में बाँटल जा सकेला. एक खेमा कंपनी का बारे में जाने के (#Fundamental_Analysis) कोशिश करेला त दोसरका खेमा बाजार के चाल (#Technical_Analysis)पढ़े के कोशिश करेला. एकरा के कुछ एह तरह से समुझीं जइसे कि विद्वान वकील कानून जाने के कोशिश करेला आ तेज वकील जज के जानेला. दुनु अपना अपना क्षेत्र के महारथी हो सकेलें आ दुनु के बहस का खिलाफ फैसला आ सकेला. बाकिर तेज वकील मानेला कि कानून के जानकारी त हर वकील के होला, आ एहमें ऊ वकील बीस साबित हो सकेला जे जज के जान लेव.
हमरा राय में बाजार के चाल पढ़े वाला लोग ट्रेडिंग में अधिका सफल हो सकेला त कंपनी का बारे में जाने वाला निवेश का मामिला में. ई दूनू एकदम अलग होला. अगर रउरा निवेश कइल चाहत बानी त बाजार के चाल पढ़े में समय मत गँवाईं. बढि़या कंपनी चुन लीं आ जवना दिने ओकरा में तेज गिरावट लउके, लपक लीं. सौ में अस्सी बेर रउरा सही साबित होखब बाकिर ओहि में कबो कवनो यसबैंक हाथे लाग जाई आ अइसन कवाछ बन जाई कि रउरा बेचैन हो के रह जाइब. कहल जाला कि घूरो के नसीब एक ना एक दिन पलटेला. एहसे अगर अबले सम्हार के रखले बानीं त कुछ बरीस इउरी सम्हरले रहीं. भुला जाईं कि रउरा खाता मे यसोबैंक के शेयर पड़ल बा.
दोसर राय ई रही कि शेयर बाजार में उहे पूंजी लगाईं जवना के जरुरत रउरा दस-बीस बरीस नइखे पड़े वाला. बाजार के शोर पर धेयान मत दीं आ जवन खरीदे का बा तवना के अपने ठोक-बजा के लीं, दोसरा के सलाह से ना. आ एहू ले नीक रही कि रउरा कवनो Mutual Fund का जरिए SIP करत रहीं. SIP के मतलब होला एगो नियत समय पर एगो तय पूंजी बाजार में डालीं. अगर बाजार गिरल रही त अधिका यूनिट Unit मिली आ चढ़ल रही त NAV. लड्डू दुनु हाथ में रही, बस खाईं मत सँजवले राखीं.
एह तरह के निवेशकन के बाजार के चाल से कवनो फरक ना पड़े के चाहीं. हमार मकसद बा ओह लोग के बता पाईँ जे ट्रेडिंग में हाथ आ भाग्य अजमावल चाहत बा. अइसनका लोग के चाहीं कि शेयर ट्रेडिंग ना करिके वायदा बाजार में option trading करे. बाकिर आगि में कूदे से पहिले जानल जरुरी बा कि अगर एक सीमा से अधिका जरा जाई देह त बचावल मुश्किल हो जाई.
हम इहे सभ कुछ जाने-सीखे के कोशिश करत बानी. आ अपना एह सिखाई के रउरा से बाँटल चाहत बानी. बाकिर चेतावला जरुरी बा कि निवेश करे से पहिले अपने ठोक बजा लीं. मुनाफा होखी त रउरा हमरा से ना बाँटब त नुकसान भइला पर हमरा के दोष मत देब. मान के राखीं कि नुकसाने होखे वाला बा आ अगर रउरा मुनाफा हो गइल त राउर मुकद्दर.
अब जइसे कि ई लिखत घरी बाजार बन्द बा बाकिर चरचा गरम बा कि सोमार का दिने तेज गिरावट हो सकेला. हम जतना चार्ट पढ़ सकीलें ओकरा हिसाब से सोमार, 29 अगस्त 2022 का बारे में हम सोचत बानी कि –
1) निफ्टी50 जबले 17630 आ 17570 का बीचे रही तबले कवनो सौदा ना करब.
2) अगर निफ्टी 17650 पार कइलस त तेजड़िया बन जाएब, माने कि कॉल खरीदब. स्टॉप लॉस 17570 पर रही त पहिला निशाना 17725 के राखब. ओकरा उपर निकली त ओकर पीछा करब trailing stoploss से.
3) अगर निफ्टी 17570 का नीचा गिरल त मन्दड़िया बन जाएब, माने कि पुट खरीदब. स्टॉप लॉस 17630 पर रही आ पहिला निशाना 17475 के राखब. ओकरा नीचे जाई त ओकर पीछा करब trailing stoploss से.
4) एह दौरान एक महीना एक लॉट से अधिका ना खरीदब. अधिक से अधिक नुकसान 500 के बरदाश्त करब आ ओहि तरह 500 के मुनाफा ले के निकल जाएब. देखल जाव कइसन रहत बा.
राउर राय का बा नीचे कमंट बॉक्स में लिख के बताईं.