केन्द्र सरकार फैसला क लिहलसि कि अब औद्योगिक कर्मचारियन के पहिले से दुगुना बोनस दीहल जाई. पहिले बोनस के सीमा साढ़े तीन हजार रुपिया रहुवे जवना के बढ़ा के अब सात हजार कर दीहल गइल बा. आ एह बोनस के हकदार बने खातिर तनखाहो के सीमा पहिले के दस हजार रुपिया से बढ़ा के एकइस हजार रुपिया कर दीहल गइल बा. मतलब कि अब एकइस हजार रुपिया महीना ले कमाए वाला लोग के बोनस मिली आ एह बोनस के सीमा सात हजार ले रही.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d