अबले बहराइच रैली के अनुमति ना दिहलसि जिला प्रशासन

बहराइच 06 नवम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के बहराइच मे आठ नवम्बर के होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैली ला अबही ले जिला प्रशासन मंजूरी नइखे दिहले जबकि प्रदेश के तमाम आला अधिकारी रैली स्थल के दौरा क चुकल बाड़े.

जिलाधिकारी किंजल सिंह आज एहिजा प्रेस कांफ्रेंस मे बतवले कि अबही ले भाजपा नेता नरेन्द्र मोदी के रैंली के मंजूरी नइखे दीहल गइल. जबकि दोसरा ओर भाजपा नेता रैली के तइयारी में जोर शोर से लागल बाड़े.

जिलाधिकारी कहलन कि रैली के सुरक्षा ला भाजपा अबही ले कुछ नइखे कइले. हेली पैड अबही ले नइखे बनल. जइसहीं काम पूरा हो जाई मंजूरी दे दीहल जाई.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up